Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Mirzapur News: स्वामी अड़गड़ानंद के परमहंस आश्रम में चलल गोली, एक साधु के मौत, दुसरका घायल

849

मिर्जापुर जिला के सक्तेशगढ़ स्थित स्वामी अड़गड़ानंद के परमहंस आश्रम में गुरुवार सुबह भक्त अउरी आश्रम के लोग सुबह के दिनचर्या में लीन रहलें। तभी गोली चलले के आवाज आइल। लोगों ने देखा त गोली लगले से एक साधु के मौत हो गईल रहल जबकि दूसरका साधू घायल अवस्था में रहलें। घायल के आश्रम के लोग आनन-फानन चंदौली स्थित एगो निजी अस्पताल ले के चल गईल।

सूचना के बाद पुलिस मौका पर पहुंचल त ओके सिर्फ एक साधु मृत मिलले। सिर में गोली लागल रहल। पुलिस पहिले एक साधु के आत्महत्या करे के बात बतवलस।  एकरे बाद सीसी कैमरा के पड़ताल कइले पर पता चलल कि एगो अउरी साधु के गोली लागल बा। जौन चंदौली में भर्ती बाने। घटना के दौरान स्वामी अड़गड़ानंद आश्रम में मौजूद रहलें। मामला के ले के तरह-तरह के चर्चा बा।

सीओ के पड़ताल में पता चलल कि जीवन बाबा खुद के गोली मार के खुदकुशी क लेहले। मौका से दू तमंचा  बरामद भईल। दोपहर 12 बजे ले आशीष महाराज के गोली लगले के बात के आश्रम के लोग छिपवले रखलें। दू लोग के गोली लगले के जानकारी होखले पर पुलिस अधीक्षक संतोष कुमार मिश्रा एएसपी नक्सल महेश सिंह अत्रि के मामला के जांच खातिर घटनास्थल पर भेजलें।

गोली लगले से घायल साधु के हालत खतरा से बहरा

मौका पर पहुंचल एएसपी नक्सल बतवने कि एक साधु के गोली लगले के सूचना पर आश्रम के सीसीटीवी फुटेज के पड़ताल कईल गइल। फोरेंसिक जांच के बाद पावल गइल कि एक अउरी व्यक्ति गोली लागल बा। मिर्जापुर के अस्पताल अउरी अन्य अस्पताल में पता कइल गइल, पर पता नाइ चलल। एकरे बाद पुलिस अपने सूत्रन से पता लगवलस कि आशीष बाबा के गोली लागल बा। ऊ चंदौली के अस्पताल में भर्ती बाने।

301770cookie-checkMirzapur News: स्वामी अड़गड़ानंद के परमहंस आश्रम में चलल गोली, एक साधु के मौत, दुसरका घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.