[the_ad_group id="30365"]

Trump swearing In Ceremony: एस. जयशंकर जइहें अमेरिका; 20 जनवरी के ट्रंप के शपथ ग्रहण समारोह में होइहें सामिल

एस. जयशंकर, विदेश मंंत्री - फोटो : X / @DrSJaishankar
[the_ad_placement id="above-content"]

Share


बिदेस मंत्री एस जयशंकर 20 जनवरी के अमेरिका के नवनिर्वाचित राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के शपथ ग्रहण समारोह में सामिल होइहें। दरअसल, ट्रंप अमेरिका के 47वां राष्ट्रपति के रूप में 20 जनवरी के शपथ ग्रहण करिहें। पिछलका साल नवंबर में भइल अमेरिकी राष्ट्रपति चुनाव में ट्रंप के 312 इलेक्टोरल वोट्स आ हैरिस के 226 इलेक्टोरल वोट्स मिलल रहे। चुनाव में बहुमत खातिर कवनो प्रत्याशी के 270 इलेक्टोरल वोट्स के जरूरत होला।

बिदेस मंत्रालय के मुताबिक, वाशिंगटन यात्रा के दौरान जयशंकर अमेरिका के आगामी ट्रंप प्रशासन के प्रतिनिधियन के संगे बइठक करिहें। ट्रंप-वेंस शपथ ग्रहण समिति के निमंत्रण पs बिदेस मंत्री एस जयशंकर, अमेरिका के 47वां राष्ट्रपति निर्वाचित भइल राष्ट्रपति डोनाल्ड जे ट्रंप के शपथ ग्रहण समारोह में भारत सरकार के प्रतिनिधित्व करिहें। यात्रा के दौरान बिदेस मंत्री अमेरिका के भावी प्रशासन के प्रतिनिधियन के संगही समारोह में सामिल होखे खातिर अमेरिका आवे वाला कुछ अन्य गणमान्य व्यक्तियन के संगही बैठक करिहें।

7 जनवरी के ट्रंप के जीत के आधिकारिक घोषणा कइल गइल

एकरा पहिले सात जनवरी के ट्रंप के जीत के आधिकारिक घोषणा कइल गइल रहे। एह दौरान अमेरिकी संसद कैपिटल हिल के संयुक्त सत्र में इलेक्टोरल कॉलेज के वोट गिनल गइल रहे। ई प्रक्रिया उपराष्ट्रपति कमला हैरिस के अध्यक्षता में भइल रहे। कमला हैरिस सीनेट के अध्यक्ष बाड़ी।

पदभार ग्रहण करे के रास्ता साफ

बैठक के बाद कमला हैरिस एलान कइलीं कि ट्रंप 20 जनवरी के राष्ट्रपति पद के जिम्मेदारी संभरिहें। ऊ उपराष्ट्रपति चुनाव के नतीजन खातिर अइसने घोषणा कइले रहस हैरिस बतवलें कि ट्रंप के साथी ओहायो सीनेटर जेडी वेंस को 312 वोट मिले। एही के संगे अमेरिकी कांग्रेस देस के नवनिर्वाचित राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के जीत के प्रमाणित कs के 20 जनवरी के उनका पदभार ग्रहण करे के रास्ता साफ कs देले रहे।

भारतीय अमेरिकी ‘ढोल बैंड’ के आमंत्रण

ट्रंप के शपथ लेला के बाद आयोजित होखे वाला परेड में सामिल होखे खातिर एगो भारतीय अमेरिकी ‘ढोल बैंड’ के आमंत्रित कइल गइल बा। ई परेड कैपिटल हिल (अमेरिकी संसद परिसर) से व्हाइट हाउस (अमेरिका के राष्ट्रपति के अधिकारिक आवास आ कार्यालय) तक निकालल जाई। जानकारी के मोताबिक, टेक्सास इस्थित भारतीय पारंपरिक ‘ढोल बैंड’ समूह ‘शिवम ढोल ताशा पाठक’ अपना जीवंत ताल आ जोशीला धुन के संगे वाशिंगटन में एह कार्यक्रम के दौरान दुनिया के भारत के समृद्ध संगीत परंपरन के एगो झलक पेश करी, जवना से विश्व भर में लाखन लोगन के देखिहें। ई पहिला बेर हs, जब टेक्सास राज्य से भारतीय पारंपरिक ‘ढोल बैंड’ समूह एतना भव्य मंच पs प्रदर्शन करी।

इहो पढ़ीं: छपरा: महाकुंभ के लेके तीन स्पेशल ट्रेनन के परिचालन : 17 स्टेशनन पs होई ठहराव

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]