[the_ad_group id="30365"]

Russia-Ukraine War: रूस में पुतिन के खिलाफ तख्तापलट के डर, सड़कन पs उतरलें वैगनर ग्रुप के लड़ाका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर के मुश्किल बढ़ गइल बा। वैगनर ग्रुप के चीफ येवगेनी प्रिगोझिन पुतिन के सत्ता से उखाड़ फेंके के धमकी देले बाड़े। वैगनर ग्रुप के लड़ाका राजधानी मॉस्को के तरफ बढ़ रहल बा लो। ओह लोगन के रोके खातिर रूसी सेना तैनात कइल गइल बा। प्रिगोझिन के धमकी के बाद रूसी रक्षा मंत्रालय उनका खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कs देले बा।

यूक्रेन के साथ जंग लड़ रहल रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन के खिलाफ बगावत के खबर बा। वैगनर ग्रुप पुतिन के खिलाफ तख्तापलट के एलान कइले बा। वैगनर ग्रुप के सेना राजधानी मॉस्को के तरफ बढ़ रहल बिया।

एह लड़ाकन के रोके खातिर रूसी सेना सड़कन पs टैंक उतार देले बिया। वैगनर ग्रुप के चीफ येवगेनी प्रिगोझिन पुतिन के सत्ता से उखाड़ फेंके के धमकी । रक्षा मंत्रालय प्रिगोझिन के खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कs देले बा। वैगनर ग्रुप के पुतिन के प्राइवेट आर्मी कहल जात रहे।

वैगनर ग्रुप के धमकी के बाद रूस के रक्षा मंत्रालय के सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा। रक्षा मंत्रालय येवगेनी प्रिगोझिन के खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कइले बा। वैगनर ग्रुप के पुतिन के प्राइवेट आर्मी कहल जाला। वैगनर ग्रुप के लड़ाका यूक्रेन में रूसी सेना के संगे मिलके युद्धो लड़ले बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]