[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली-पुणे विस्तारा एयरलाइंस के विमान में बम के खबर अफवाह, पुलिस मामिला के जांच में जुटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली से पुणे जाए वाला विस्तारा एयरलाइंस के फ्लाइट में बम के खबर मिलला के बाद दिल्ली हवाई अड्डा पs हड़कंप मच गईल। जीएमआर कॉल सेंटर के उड़ान में बम के बारे में फोन आईल। एकरा तुरंत बाद यात्री के सुरक्षित विमान से उतार दिहल गईल। विमान के आइसोलेशन में ले जाके पूरा तलाशी लिहल गईल।

तलाशी के दौरान फ्लाइट में कवनो संदिग्ध चीज़ ना मिलल। एहसे पहिले भी कई बेर कॉल सेंटर में अयीसन फर्जी कॉल आ चुकल बा। पुलिस के मुताबिक फ्लाइट में कवनो संदिग्ध चीज़ ना मिलल। खोज अभियान खतम हो गइल बा। बम कॉल के हॉक्स कॉल घोषित कs दिहल गईल। दिल्ली पुलिस के फर्जी कॉल क के झूठा बम के जानकारी देवे के एफआईआर दर्ज कs के फोन करेवाला के पहचान करतिया।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]