[the_ad_group id="30365"]

Kedarnath Landslide: गौरीकुंड में भारी बरखा से भूस्खलन, कइयन लोगन के दबल होखे के आशंका; बचाव कार्य जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तराखंड के रुद्रप्रयाग में मवजूद गौरीकुंड के लगे डॉट पुलिया के पास भारी बरखा आ ऊपर से भूस्खलन होखे के कारण 2 दुकानन आ एगो खोखा के बहला के खबर सामने आइल बा।

घटना के बाद से सेक्टर अधिकारी गौरीकुंड एनडीआरफ एसडीआरएफ मवका पs मवजूद बा लो। सेक्टर अधिकारी गौरीकुंड बतवलें कि ओमे कुछ आदमियन के होखे के सूचना बा। आपदा प्रबंधन अधिकारी नंदन सिंह रजवार आ डीडीआरएफ टीम मुख्यालय मय उपकरण सहित घटनास्थल खातिर रवाना हो गइल बा लो।

ओहिजा, लगातार बरखा होखला से फिलहाल सर्च आ रेस्क्यू अभियान काम के रोकल गइल बा आ सब टीम मवका पs उपस्थित बाड़ी सs। जेमे डीडीआरफ, एसडीआरएफ, एनडीआरएफ, वाईएमएफ, पुलिस तहसील उखीमठ, तहसीलदार‌ मवजूद बा लो।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]