Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Kedarnath Landslide: गौरीकुंड में भारी बरखा से भूस्खलन, कइयन लोगन के दबल होखे के आशंका; बचाव कार्य जारी

Kedarnath Landslide: उत्तराखंड के रुद्रप्रयाग में मवजूद गौरीकुंड के लगे डॉट पुलिया के पास भारी बरखा आ ऊपर से भूस्खलन होखे के कारण 2 दुकानन आ एगो खोखा के बहला के खबर सामने आइल बा। एमे कइयन लोगन के दबल होखे के सूचना बा। मवका पs बचाव कार्य जारी बा। बता दीं कि उत्तराखंड में बरखा के दौर लगातार जारी बा। जवना से एह तरे के घटना सामने आ रहल बा। 

757

उत्तराखंड के रुद्रप्रयाग में मवजूद गौरीकुंड के लगे डॉट पुलिया के पास भारी बरखा आ ऊपर से भूस्खलन होखे के कारण 2 दुकानन आ एगो खोखा के बहला के खबर सामने आइल बा।

घटना के बाद से सेक्टर अधिकारी गौरीकुंड एनडीआरफ एसडीआरएफ मवका पs मवजूद बा लो। सेक्टर अधिकारी गौरीकुंड बतवलें कि ओमे कुछ आदमियन के होखे के सूचना बा। आपदा प्रबंधन अधिकारी नंदन सिंह रजवार आ डीडीआरएफ टीम मुख्यालय मय उपकरण सहित घटनास्थल खातिर रवाना हो गइल बा लो।

ओहिजा, लगातार बरखा होखला से फिलहाल सर्च आ रेस्क्यू अभियान काम के रोकल गइल बा आ सब टीम मवका पs उपस्थित बाड़ी सs। जेमे डीडीआरफ, एसडीआरएफ, एनडीआरएफ, वाईएमएफ, पुलिस तहसील उखीमठ, तहसीलदार‌ मवजूद बा लो।

साभार: दैनिक जागरण

618250cookie-checkKedarnath Landslide: गौरीकुंड में भारी बरखा से भूस्खलन, कइयन लोगन के दबल होखे के आशंका; बचाव कार्य जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.