[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में 500 करोड़ के निवेश करी RSPL : सेक्टर 27 में 42 एकड़ भूखंड पs लागी CBG प्लांट, 1000 लोगन के मिली रोजगार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण GIDA जल्दिये एगो आउर बड़ समूह से निवेश करावे के तइयारी में बा। जदि सब कुछ ठीक रहल तs अगिला महीना CM योगी के मवजूदगी में एकर शिलान्यास हो सकत बा। घड़ी डिटर्जेंट केक आ पाउडर बनावे वाली कंपनी रोहित सरफेक्टेंट प्राइवेट लिमिटेड RSPL के ओर से 42 एकड़ भूखंड पs कंप्रेस्ड बायो गैस GBG प्लांट लगावल जाई। महाप्रबंधक शेखर काटे के गीडा प्रबंधन के ओर से देखावल गइल जमीन पसंद आइल बा।

इहां कंपनी 500 करोड़ रुपिया के निवेश करी। एह निवेश से करीब 1000 लोगन के प्रत्यक्ष रोजगार मिली। गोरखपुर में इंडियन आयल कारपोरेशन लिमिटेड IOCL के ओर से एगो CBG प्लांट धुरियापार में स्थापित कइल जा चुकल बा। अब दूसरका CBG प्लांट RSPL स्थापित करी। CBG के उपयोग वाहनन में ईंधन के रूप में आ खाना बनावे खातिर रसोई गैस के रूप में कइल जाला। एकर निर्माण खातिर कच्चा माल के खरीद से किसानन के आयो बढ़ी।

गोरखपुर ट्रेड शो में आइल प्रतिनिधि देखले रहे लो जमीन

गीडा दिवस पs आयोजित गोरखपुर ट्रेड शो GTS के बाद कइयन गो कंपनी निवेश के इच्छा जतवले रहली सs। एह दौरान RSPL के प्रतिनिधि CEO अनुज मलिक से मुलाकात कइले रहे लो। CEO ओह लोगन के प्लांट लगावे खातिर सेक्टर 27 में विकसित भूखंड दिखवलें, जवन पहिलके बेर में कंपनी के प्रतिनिधि पसंद कs लिहल लो। जल्दिये कंपनी के प्रतिनिधि दुबारा आई लो आ GIDA के डिटेल प्रोजेक्ट रिपोर्ट DPR सउपला के संगे MOU पs हस्ताक्षरो करी लो। OSD अनुपम मिश्र बतवलें कि CEO के निरदेस पs RSPL के प्रतिनिधि के जमीन दिखा दिहल गइल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]