[the_ad_group id="30365"]

छपरा से होके चले वाली कइयन ट्रेनन के बदलल रूट: किशनगंज-अजमेर एक्सप्रेस समेत एह ट्रेनन में परिवर्तन, देखीं लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे प्रशासन के ओर से वाराणसी मंडल के इंदारा-फेफना खण्ड पs इंदारा-रतनपुर-रसड़ा के बीच दोहरीकरण के परिप्रेक्ष्य में प्री-नॉन इंटरलॉक, नॉन इंटरलॉक काम कइल गइला के कारण गाड़ियन के मार्ग परिवर्तन कइल गइल बा।

 

छपरा रूट से चले वाली कइयन ट्रेनन के मार्ग परिवर्तन कइल गइल बा। ई जानकारी पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना मार्ग से संचालित होखे लगिहें सs।

मार्ग परिवर्तन कइल गइल ट्रेन

  • अजमेर से 26 आ 29 फरवरी 2024 के चले वाली 15716 अजमेर-किशनगंज एक्सप्रेस निर्घारित मार्ग मऊ-इंदारा-फेफना-बलिया-छपरा के स्थान पs परिवर्तित मार्ग मऊ-भटनी-छपरा के रास्ते चलावल जाई। एह गाड़ी के ठहराव बलिया स्टेशन पs ना होई।
  • किशनगंज से 03 मार्च, 2024 के चले वाली 15715 किशनगंज-अजमेर एक्सप्रेस निर्घारित मार्ग छपरा-बलिया-फेफना-इंदारा-मऊ-शाहगंज के स्थान पs परिवर्तित मार्ग बलिया-गाजीपुर सिटी-जौनपुर-शाहगंज के रास्ते चलावल जाई। एह गाड़ी के ठहराव मऊ आ आजमगढ़ स्टेशनन पs ना होई।
  •  छपरा से 03 मार्च, 2024 के चले वाली 15083 छपरा-फर्रूखाबाद एक्सप्रेस निर्घारित मार्ग छपरा-बलिया-फेफना-इंदारा-मऊ-शाहगंज के स्थान पs परिवर्तित मार्ग बलिया-गाजीपुर सिटी-जौनपुर-शाहगंज के रास्ते चलावल जाई। एह गाड़ी के ठहराव चिलकहर, रसड़ा, रतनपुरा, इंदारा, मऊ, मुहम्दाबाद, सठियावं, आजमगढ़, सरायमीर आ खोरासन रोड स्टेशनन पs ना होई।
  •  वाराणसी सिटी से 03 मार्च, 2024 के चले वाली 15112 वाराणसी सिटी-छपरा एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग औंड़िहार-मऊ-इंदारा-फेफना-बलिया के स्थान पs परिवर्तित मार्ग औंड़िहार-गाजीपुर-बलिया के रास्ते चलावल जाई। एह गाड़ी के ठहराव सादात, जखनिया, दुल्लहपुर, मऊ, इंदारा, रतनपुरा, रसड़ा, चिलकहर आ फेफना स्टेशनन पs ना होई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]