[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: गोरखनाथ मंदिर के ओर ना जाई वाहन, 16 जनवरी के रात तक जारी रही डायवर्जन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखनाथ मंदिर में मकर संक्रांति आ खिचड़ी मेला के देखत रुट डायवर्जन लागू कs दिहल गइल बा। 14 जनवरी के सबेरे से 16 जनवरी के रात तक डायवर्जन जारी रही। एकरा बाद फेर 22 जनवरी, 24 जनवरी आ 26 जनवरी आउर पांच फरवरी के डायवर्जन लागू रही। गोरखनाथ मंदिर के ओर कवनो वाहन ना जाई। श्रद्धालु लोग के वाहन के पार्किंग खातिर जगह निर्धारित कs दिहल गइल बा।

एह रास्तन से होके गुजरिहे सs वाहन

  • महराजगंज, फरेंदा, पीपीगंज से रेलवे स्टेशन, रोडवेज बस स्टेशन आ शहर क्षेत्र में आवे वाला चार पहिया, रोडवेज बस, ट्रक (श्रद्धालु लोगन के वाहन के छोड़के) बरगदवां से भगवानपुर स्पोर्ट कॉलेज, खजांची चौराहा, पादरीबाजार, कौवाबाग, मोहद्दीपुर होत जाई।
  • रेलवे स्टेशन, यातायात मार्ग से बगरवां, पीपीगंज, सोनौली जाये वाला वाहन यूनिवर्सिटी चौक, मोहद्दीपुर, कौवाबाग, पादरीबाजार, खजांची, स्पोर्ट कॉलेज होके जाई।
  • वाराणसी, मऊ, बड़हलगंज की तरफ से आने वाले बस, ट्रक (श्रद्धालुओं के वाहन छोड़कर) बाघागाड़ा, कालेसर, जंगल कौड़िया, फोरलेन होते हुए जाएंगे।
  • लखनऊ, संतकबीरनगर से फरेंदा, सोनौली के ओर जाये वाला रोडवेज बस, ट्रक बाघागाड़ा, कालेसर, जंगल कौड़िया फोरलेन होत जाई।
  • महराजगंज, पिपराइच से रेलवे स्टेशन, रोडवेज बस स्टेशन आ शहर क्षेत्र में आवे वाला तीन, चार पहिया वाहन, बस पादरी बाजार, कौवाबाग, मोहद्दीपुर होत जाई
  • यातायात तिराहा से बरगदवां, पीपीगंज के ओर जाये वाला दु पहिया, तीन पहिया, चार पहिया वाहन धर्मशाला, गंगेज, दुर्गाबाड़ी, ग्रीन सिटी होके जाई।
  • इंडस्ट्रीयल मोड़ से रेलवे स्टेशन, शहर क्षेत्र आवे वाला दु पहिया, तीन पहिया, चार पहिया वाहन रामनगर चौराहा, नकहा ओवरब्रिज, स्पोर्ट कॉलेज, खजांची चौक, असुरन चौक होत जाई।

एह रास्तन पs वाहन प्रतिबंधित

  • जेपी हॉस्पिटल से गोरखनाथ ओवरब्रिज बरदगवां के ओर जाये वाला वाहन प्रतिबंधित रही। ई वाहन दुर्गाबाड़ी, सुभाषचंद्र बोस नगर कॉलोनी, ग्रीन सिटी होके जइहे सs।
  • आरपीएफ ग्राउंड गोरखनाथ ओरवब्रिज से मंदिर लेबर तिराहा सब वाहन प्रतिबंधित रहिहे सs।
  • दुर्गाबाड़ी से गोरखनाथ पुल के नीचे मंदिर के ओर सब वाहन प्रतिबंधित रहिहे सs। ई वाहन सुभाष चंद्र बोस नगर से ग्रीन सिटी होके जइहे सs।
  • रामलीला मैदान से गोरखनाथ मंदिर के ओर वाहन प्रतिबंधित रही। ई वाहन सुभाष चंद्र बोस नगर ग्रीन सिटी होके जाई।
  • रसूलपुर तिराहा से गोरखनाथ मंदिर के ओर वाहन प्रतिबंधित रही।
  • दशहरीबाग तिराहा, हुमायूंपुर से गोरखनाथ मंदिर के ओर वाहन प्रतिबंधित रही।
  • कौड़ियहवा, ग्रीन सिटी मोड़ से गोरखनाथ मंदिर के ओर वाहन प्रतिबंधित रही। ई वाहन तरंग ओवरब्रिज से गंगेज होखत जाई।

एने से जाई वीआईपी वाहन

  • धर्मशाला, गंगेज चौक, सूरजकुंड ओवरब्रिज, अधियारीबाग, रसूलपुर दशहरी बाग, लगन पैलेस से गोरखनाथ मंदिर गेट नंबर चार से प्रवेश करी।

इहां पs होई वाहनन के पार्किंग

  • बिहार, बलिया, देवरिया, वाराणसी, आजमगढ़, मऊ, कुशीनगर आ जौनपुर से गोरखनाथ मंदिर आवे वाला बस भगवती महिला महाविद्यालय परिसर में।
  • बिहार, वाराणसी, देवरिया, बलिया, आजमगढ़, मऊ, कुशीनगर आ जौनपुर से गोरखनाथ मंदिर आवे वाला दु पहिया, चार पहिया वाहन आरपीएफ ग्राउंड दुर्गाबाड़ी तिराहा के लगे।
  • शहर क्षेत्र से आवे वाला श्रद्धालुअन के दु पहिया, तीन पहिया वाहन लाल बहादुर शास्त्री जूनियर हाईस्कूल (गोरखनाथ पुल के नीचे)।
  • सूरजकुंड आ ओकरा अगरी-कगरी के मोहल्लन से आवे वाला दु आ चार पहिया वाहन रामलीला मैदान (मानसरोहर मंदिर के लगे)।
  • बहराइच, श्रावस्ती, गोंडा, बलरामपुर, सिद्धार्थनगर, फरेंदा से आवे वाला दु आ चार पहिया वाहन लेबर तिराहा से रामनगर तिराहा तक सड़क के दुनो किनार पs आ बागीचा पार्किंग नथमलपुर में।
  • श्रद्धालुअन के चार पहिया वाहन औद्योगिक क्षेत्र मोड़, एमपी पॉलीटेक्निक से ग्रीन सिटी मार्ग, कुष्ठ आश्रम के पीछे, सिंचाई विभाग कॉलोनी आ स्प्रिंगर मोड़ पs।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]