Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

वंदे भारत समेत 21 ट्रेनन के भइल रूट डायवर्जन: बाराबंकी-जाफराबाद रेल खंड में दोहरीकरण काम होखला के चलते लिहल गइल निर्णय, गोरखपुर के 25 गो ट्रेन प्रभावित

465

उत्तर रेलवे के लखनऊ मंडल के तहत आवे वाला बाराबंकी-अयोध्या- शाहगंज-जाफराबाद रेल खण्ड के दोहरीकरण के काम कइल जा रहल बा। ओहिजा बाराबंकी स्टेशन पs यार्ड रिमाडलिंग खातिर 12 दिसंबर से 5 जनवरी तक प्री-नान इण्टरलॉक आ 6 से 15 जनवरी तक नान इण्टरलॉक के काम करे खातिर ब्लॉक लिहल गइल बा। एकरा चलते गोरखपुर से चले वाली कइयन ट्रेनन के शार्ट टर्मिनेशन/शार्ट ओरिजिनेशन कइल गइल बा। ओहिजा वंदे भारत समेत 25 ट्रेनन के रूट डायवर्जन कs के चलावल जाई।

एह ट्रेनन के भइल शार्ट टर्मिनेशन

  • हैदराबाद से 15, 22, 29 दिसंबर आ 5 व 12 जनवरी के चले वाली 02575 हैदराबाद-गोरखपुर स्पेशल ट्रेन गोरखपुर के जगह ऐशबाग में यात्रा समाप्त करी।
  • कामाख्या से 19 आ 26 दिसंबर आ 2, 9 आ 16  जनवरी के चले वाली 15077 कामाख्या-गोमतीनगर एक्सप्रेस, गोमतीनगर के स्थान पs गोरखपुर में यात्रा समाप्त करी।

एह ट्रेनन के भइल शार्ट ओरिजिनेशन

  • गोरखपुर से 17, 24 आ 31 दिसंबर आउर 7 आ 14 जनवरी के चले वाली 02576 गोरखपुर-हैदराबाद स्पेशल ट्रेन गोरखपुर के स्थान पs ऐशबाग से चलावल जाई।
  • गोमतीनगर से 18 आ 25 दिसंबर,  1, 8 आ 15 जनवरी के चले वाली 15078 गोमतीनगर-कामाख्या एक्सप्रेस गोमतीनगर के स्थान पs गोरखपुर से चलावल जाई।
689010cookie-checkवंदे भारत समेत 21 ट्रेनन के भइल रूट डायवर्जन: बाराबंकी-जाफराबाद रेल खंड में दोहरीकरण काम होखला के चलते लिहल गइल निर्णय, गोरखपुर के 25 गो ट्रेन प्रभावित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.