छपरा से होके चले वाली कइयन ट्रेनन के रूट चेंज: प्रयागराज जं. स्टेशन पs चल रहल बा उन्नयन कार्य, देखीं रूट आ टाइमिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 20, 2024

रेलवे प्रशासन कावर से यात्री सुविधा में उन्नयन आ परिचालनिक सुगमता खातिर उत्तर मध्य रेलवे के इलाहाबाद मंडल के प्रयागराज जं. स्टेशन के उन्नयन कार्य के लेlr यातायात ब्लॉक कs दिहल गइल बा। कइयन गाड़ियन

Share

रेलवे प्रशासन कावर से यात्री सुविधा में उन्नयन आ परिचालनिक सुगमता खातिर उत्तर मध्य रेलवे के इलाहाबाद मंडल के प्रयागराज जं. स्टेशन के उन्नयन कार्य के लेlr यातायात ब्लॉक कs दिहल गइल बा। कइयन गाड़ियन के मार्ग परिवर्तन कइल गइल बा।

एही क्रम में छपरा के रास्ते चले वाली कइयन ट्रेनन के मार्ग परिवर्तन भइल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना नीयत समय आ मार्ग से संचालित होखे लगिहें सs।

एह मार्गन से होके चली ट्रेन

  • दरभंगा से 24 जुलाई, 2024 तक चले वाली 15559 दरभंगा-अहमदाबाद साप्ताहिक एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग वाराणसी-प्रयागराज रामबाग-प्रयागराज जं.-मानिकपुर के स्थान पs परिवर्तित मार्ग जौनपुर-वाराणसी-प्रयागराज छिवकी-मानिकपुर के रास्ते चलावल जा रहल बिया। मार्ग परिवर्तन के परिणाम स्वरूप ई गाड़ी बनारस, ज्ञानपुर रोड, प्रयागराज रामबाग आ प्रयागराज जं. स्टेशनन पs नइखे जात। एकरा स्थान पs ई गाड़ी प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs 07:18 बजे पहुंचकर 07:20 बजे छूट रहल बिया।
  • पुणे से 24 जुलाई, 2024 तक चले वाली 11033 पुणे-दरभंगा साप्ताहिक एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग मानिकपुर-प्रयागराज जं.-प्रयागराज रामबाग-वाराणसी के स्थान पs परिवर्तित मार्ग मानिकपुर-प्रयागराज छिवकी-वाराणसी-जौनपुर के रास्ते चलावल जा रहल बिया। मार्ग परिवर्तन के फलस्वरूप ई गाड़ी प्रयागराज जं., ज्ञानपुर रोड, बनारस स्टेशनन पs नइखे जात। एकरा स्थान पs ई गाड़ी प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs 15:50 बजे पहुंचके 15:52 बजे छूट रहल बिया।
  • जालना से 24 जुलाई, 2024 तक चले वाली 07651 जालना-छपरा साप्ताहिक विशेष गाड़ी निर्धारित मार्ग मानिकपुर-प्रयागराज जं.-प्रयागराज रामबाग-वाराणसी के स्थान पs परिवर्तित मार्ग मानिकपुर-प्रयागराज छिवकी-वाराणसी-जौनपुर के रास्ते चलावल जा रहल बिया। मार्ग परिवर्तन के फलस्वरूप ई गाड़ी प्रयागराज जं., ज्ञानपुर रोड, बनारस स्टेशनन पs नइखे जात। एकरा स्थान पs ई गाड़ी प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs 21:45 बजे पहुंचके 21:47 बजे छूट रहल बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.