महारानी विक्टोरिया से जुड़ल बा रोज डे के कनेक्शन, जानीं वैलेंटाइन वीक के सुरुआत गुलाब के साथे काहें होला

Share

फरवरी में जब बसंत के हवा चलेला तs प्रेम में डूबल लोग के चेहरा पs एगो अलग तरह के सुख देखाई देवेला। एही महीना में प्रेमी-प्रेमिका यानी वैलेंटाइन के त्योहार शुरू हो जाला। वैलेंटाइन वीक 7 फरवरी के रोज डे से शुरू होला। एकरा बाद 8 फरवरी के प्रपोज डे, 9 फरवरी के चॉकलेट डे, 10 फरवरी के टेडी डे, 11 फरवरी के प्रॉमिस डे, 12 फरवरी के हग डे, 13 फरवरी के किस डे , 14 फरवरी के वैलेंटाइन डे मनावल जाला। गुलाब दिवस प जोड़ा एक दूसरा के गुलाब देके आपन प्यार के इजहार करेले। बतावल जाव कि रोज डे कइसे शुरू भइल आ कब से मनावल जा रहल बा?

रोज डे के शुरुआत 

रोज डे पs प्रेमी-प्रेमिका एक दूसरा के गुलाब देके आपन प्यार के इजहार करेले। लाल गुलाब के प्रेम के प्रतीक मानल जाला आ गुलाब देवे के प्रथा मुगल काल से चलत आ रहल बा। कहल जाला कि मुगल बेगम नूरजहाँ के लाल गुलाब के बहुत शौक रहे। उनुका के खुश करे खातिर मुगल शासक जहांगीर रोज करीब 1 ताजा गुलाब उनुका के उपहार में भेजत रहले।

इहो कहल जाला कि रानी विक्टोरिया के भी गुलाब बहुत पसंद रहे। उs अपना प्यार के इजहार करत अपना पति प्रिंस अल्बर्ट के लाल गुलाब देले रहली। रानी विक्टोरिया के समय से ही लोग 7 फरवरी के गुलाब दिवस के रूप में मनावत बा। एह दिन रउरा अपना प्रियजन के गुलाब के फूल देके खुश कs सकेनी।

लाल गुलाब काहे खास बा?

गुलाब के फूल सबसे सुंदर मानल जाला। एकर सुगंध राउर रिश्ता के सुगंधित राखेला, एही से गुलाब के फूल उपहार में दिहल जाला। लाल रंग के प्रेम के प्रतीक मानल जाला। अइसना में प्यार के हफ्ता यानी वैलेंटाइन वीक के शुरुआत गुलाब से कईल अवुरी निमन मानल जाला। अपना लव पार्टनर के अलावे आप कवनो भी दोस्त चाहे केहु के गुलाब के फूल गिफ्ट कs सकतानी, जेकरा के आप खास महसूस करावे के चाहतानी।

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-