[the_ad_group id="30365"]

छपरा में बाढ़ प्रभावित इलाकन के दौरा करिहें रोहिणी आचार्य: सोशल मीडिया पs देली जानकारी

रोहिणी आचार्य।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लालू प्रसाद के बेटी रोहिणी आचार्य 29 सितंबर के सारण जइहें। बाढ़ प्रभावित इलाकन के लोगन से मुलाकात करिहें। ई जानकारी रोहिणी सोशल मीडिया के माध्यम से लोगन के देले बाड़ी।

छपरा के बाढ़ प्रभावित क्षेत्र के महिला लोगन से करिहें संवाद

रोहिणी कहले बाड़ी कि बाढ़ के विभीषिका से जूझ रहल अपना सारण के जनता-जनार्दन के बीच 29 सितंबर, अतवार के जाएम। हम सबेरे 10:30 बजे पटना आवास से प्रस्थान करेम। रोहिणी उहां नवहा साथी स्व. चंदन यादव के परिजनन से मुलाकात करिहें।

ऊ छपरा शहर के बाढ़ प्रभावित इलाका ( साधुलाल पृथ्वीचंद उच्च विद्यालय के समीपवर्ती इलाकन ( जहां रोहिणी के टीम के ओर से बाढ़ राहत आ रिलीफ कैम्प के संचालन कइल गइल रहे) के लोगन से मुलाकात करिहें। ऊ छपरा के बाढ़ – प्रभावित क्षेत्र के महिला लोगन से संवाद आ संपर्कों करिहें।

कार्यकर्ता लोगन के संगे संपर्क आ संवाद करिहें

रोहिणी, राष्ट्रीय जनता दल प्रधान कार्यालय, रौंजा, छपरा में नवहा साथियन आ कार्यकर्ता लोगन के संगे संपर्क आ संवाद करिहें। माला गांव में जनसम्पर्क आ जनसंवाद कार्यक्रम करिहें। एकरा बाद रोहिणी पटना लवट अइहें।

सारण से लोकसभा के चुनाव लड़ चुकल बाड़ी रोहिणी आचार्य 

बता दीं कि रोहिणी आचार्य सारण से लोकसभा के चुनाव लड़ चुकल बाड़ी। चुनाव में बीजेपी नेता राजीव प्रताप रुढ़ी उनका के हरा देले रहस। चुनाव हरला के सात दिनन बाद रोहिणी आचार्या सिंगापुर वापस लवट गइल रहली। रोहिणी सिंगापुर में रहेली। चुनाव हरला के बाद रोहिणी कहले रहली कि ऊ सारण के जनता के सेवा हमेशा करत रहिहें। रोहिणी आचार्य लालू प्रसाद के आपन किडनी डोनेट कइले बाड़ी, जवना के बाद लालू प्रसाद पहिले से बहुते स्वस्थ बाड़ें।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]