[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान में भीषण सड़क हादसा, सीएनजी से भरल ट्रक फाटल, 20 से अधिका गाड़ियन में लागल आग

राजस्थान में भीषण सड़क हादसा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के राजधानी जयपुर में एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गईल।  जयपुर के डीपीएस स्कूल के लगे पेट्रोल पंप में धमाका भईल बा।  सीएनजी गैस से भरल टैंकर में विस्फोट हो गईल।  बहुत लोग अवुरी गाड़ी जर गईल।  अजमेर हाईवे पs लमहर जाम लागल बा.  एक साथ दर्जनों गाडी में आग लाग गइल। 

एक के बाद एक कई गो धमाका भइल

प्रत्यक्षदर्शी बतवले कि पहिले सीएनजी ट्रक दोसरा ट्रक से टकरा गईल। एs भारी टक्कर के बाद सीएनजी ट्रक में भारी विस्फोट भईल। एकरा बाद एक के बाद एक कई गो धमाका भईल।  पास के गाड़ी भी एकरा से टकरा गईल। 20 से अधिक गाड़ियन में आग लाग गइल।

दुर्घटना में यात्रियन से भरल बस चपेट में आइल

एह हादसा में 12 लोग बुरी तरह से जरल बाड़े।  दुर्घटना में एगो बस भी फंस गईल।  बस से उतर के यात्री कवनो तरीका से आपन जान बचा लिहले।  आग में जरल लोग के अस्पताल पहुंचावल गईल बा।  गाड़ी में फंसल लोग के फायर ब्रिगेड, सिविल डिफेंस पुलिस अवुरी स्थानीय लोग के मदद से बाहर निकालल गईल। 

इs हादसा शुक के सबेरे साढ़े पांच बजे भंक्रोटक डी क्लॉथोंन के नजदीक भईल।  अबहियो बहुते गाड़ियन में आग लागल बा.  पुलिस अवुरी दमकल विभाग गाड़ी में लागल आग के बुझावे के कोशिश में जुटल बा।


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]