[the_ad_group id="30365"]

अफगानिस्तान में भीषण सड़क हादसा, 50 लोगन के मउत; घायल भइल 76 लोग

अफगानिस्तान में रोड एक्सीडेंट
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अफगानिस्तान में भइल दू गो सड़क दुर्घटना में कुल 50 लोग के मउत हो गइल जबकि 76 लोग घवाहिल हो गइल बा. बियफ़ें के सरकारी प्रवक्ता एs दुर्घटना के बारे में जानकारी देले। गजनी प्रांत के गवर्नर के प्रवक्ता हाफिज उमर बतवले कि बुध के देर रात काबुल-कंधार राजमार्ग पs एगो सवारी बस आ तेल टैंकर के टक्कर हो गइल जबकि एही राजमार्ग पs दोसरा इलाका में दुसरका दुर्घटना भइल. 

घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल

गज़नी प्रांत के राज्यपाल के प्रवक्ता बतवले कि, घाही लोग के गजनी अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा अवुरी शव के परिवार के सौंपे के प्रक्रिया जारी बा। उमर बतवले कि गंभीर रूप से घाही लोग के काबुल भेजल गईल बा अवुरी मरेवाला में महिला अवुरी बच्चा भी शामिल बाड़े। 

इहो पढ़ीं: दीवानीयत के सेट पs सरप्राइस देवे पहुंचले आमिर खान, जानीं का बा मिस्टर परफेक्शनिस्ट के सीरियल से कनेक्शन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]