[the_ad_group id="30365"]

राजद प्रखंड कार्यालय के उद्घाटन: बिहार विधानसभा अध्यक्ष अवध बिहारी चौधरी फीता कटलें, बोललें – कार्यकर्ता पार्टी के रीढ़ होला लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोमार के सीवान सदर प्रखंड अंतर्गत श्रीनगर में बिहार विधानसभा अध्यक्ष अवध बिहारी चौधरी के निवास स्थान पs राजद के सदर प्रखंड कार्यालय के उद्घाटन भइल। कार्यालय के उद्घाटन प्रखंड अध्यक्ष हबीबुल्लाह अंसारी के अध्यक्षता में कइल गइल। राजद कार्यकर्तन के उपस्थिति में विधानसभा अध्यक्ष फीता कटलें।

एह अवसर पs कार्यकर्तन के संबोधित करत विधानसभा अध्यक्ष कहलें कि कार्यकर्ता पार्टी के रीढ़ होला लो। कवनो संगठन खातिर ओकर अपन आपन कार्यालय आ झंडा होखल जरूरी होला। हमहू आपन राजनीतिक सफर एगो कार्यकर्ता के रूप में प्रारंभ कइल गइल रहे। जिला मुख्यालय में संगठन के कार्यालय स्थापित हो गइला से सीवान सदर प्रखंड के कार्यकर्तन के आपस में मिलला आ विमर्श में सहूलियत होई।

प्रखंड के आम जनता अपना समस्यन के निवारण खातिर कार्यालय पs आके उपस्थित पदाधिकारी से संवाद कs सकी लो। हम प्रखंड अध्यक्ष सहित सब पंचायत अध्यक्षन से ई अपील कइल चाहत बानी कि प्रदेश कार्यालय के निर्देशन के पालन करत पंचायत के कार्य समिति में 15 लोगन के एगो समिति बनाई आ पंचायत के प्रत्येक बूथ पर दुगो बी० एल० ए० के नियुक्ति कइल जाव।

अइसन करे से मतदान में अपना पक्ष में मिलल वोटन के प्रतिशत बढ़ी। हम रउआ सभन से इहो निहोरा करत बानी कि पंचायत के निवासियन के समस्या से जुड़ीं आ ओकर निवारण खातिर दल के संबंधित विधायक भा पदाधिकारी से संपर्क करीं। लोगन के सुख-दुख में निश्चित रूप से सामिल रहीं। दल के नीतियन आ सिद्धांतन आउर अपना नेता लोगन कावर से कइल गइल जनहित के काम, उपलब्धियन के जन-जन के बीच प्रचारित करीं। हमरो सहजोग रउआ लोगन के हमेशा मिलत रही।

एह अवसर पs पूर्व मंत्री इंद्रदेव, अनीता देवी, प्रखंड प्रमुख प्रियंका देवी, मुजफ्फर इमाम, जिला उपाध्यक्ष आजम अली, चंदेश्वर यादव, रियासत नवाज खान, बाबुद्दीन आजाद, इरशाद अली, गुड्डू सलीम, गब्बर यादव ई०शोएब अंसारी ,चंद्रिका राम, मकरध्वज यादव, प्रेम प्रकाश यादव, उपेंद्र यादव, पेसकार बैठा सहित कइयन लोग सामिल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]