[the_ad_group id="30365"]

रिया सिंघा जीतली मिस इंडिया 2024 के खिताब, उर्वशी रौतेला पहिरवली ताज

Miss universe India
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के राजधानी जयपुर में आयोजित मिस यूनिवर्स इंडिया 2024 प्रतियोगिता में रिया सिंघा मिस यूनिवर्स के खिताब जीत लिहली। उर्वशी रौतेला रिया के विजेता के ताज पहिरवली। विजेता के नांव के घोषणा के बाद उर्वशी कहली कि हमरा उहे महसूस होखता जवन सभ लइकी महसूस करतारी। विजेता लो शानदार बा।

रिया सिंघा के मिस यूनिवर्स इंडिया 2024 के ताज पहिरावल गइल बा। राजस्थान के राजधानी जयपुर में आयोजित मिस यूनिवर्स इंडिया 2024 प्रतियोगिता के खिताब जीतला के बाद रिया सिंघा कहली कि, ‘आज खिताब जीतला के बाद हम बहुत आभारी बानी।’ एह स्तर तक पहुंचे खातिर हम बहुत मेहनत कइले बानी। एह स्तर पर पहुँचला के बाद हम अपना के एह ताज के लायक मान सकेनी। उऽ कहली कि उऽ पछिला विजेता से बहुत प्रेरित बाड़ी।

आशा बा कि भारत के एह साल मिस यूनिवर्स के ताज मिल जाई : उर्वशी रौतेला

उर्वशी रौतेला रिया के विजेता के ताज पहिरवली। विजेता के घोषणा के बाद उर्वशी कहली कि, “हमरा उहे लागता जवन कि सभ लइकी महसूस करतारी। विजेता शानदार बाड़ी।”

उर्वशी आगे कहली कि मिस यूनिवर्स के ग्लोबल प्लेटफॉर्म पs उऽ हमनी के देश के बहुत बढ़िया प्रतिनिधित्व करीहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]