[the_ad_group id="30365"]

कप्तान ऋषभ पंत समेत Playing 11 के सभ प्लेयर्स पs भइल एक्शन

ऋषभ पंत
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईपीएल 2025 में लखनऊ सुपर जायंट्स के टीम के मुंबई इंडियंस से 54 रन से हार के सामना करे के पड़ल। एह मैच में मुंबई सबसे पहिले बल्लेबाजी कइलस आ कुल 215 रन बनवलस जवना के जवाब में लखनऊ टीम महज 161 रन बना सकल. अब धीमा ओवर रेट के चलते आईपीएल गवर्निंग काउंसिल कप्तान ऋषभ पंत आ प्लेइंग इलेवन के सगरी खिलाड़ियन के खिलाफ कार्रवाई कइले बिया.

ऋषभ पंत पs 24 लाख के जुर्माना लगावल गइल

आईपीएल के प्रेस विज्ञप्ति के मुताबिक, आईपीएल के आचार संहिता के अनुच्छेद 2.22 के तहत धीमा ओवर रेट उल्लंघन से जुड़ल चालू सीजन में उनुकर टीम के इs दूसरा अपराध रहे अवुरी एहीसे कप्तान ऋषभ पंत पs 24 लाख रुपया के जुर्माना लगावल गईल। इम्पैक्ट खिलाड़ी सहित प्लेइंग इलेवन के बाकी प्लेयर्स पs तs 6 लाख रुपया के जुर्माना लगावल जाई, यानी उनुका अपना-अपना मैच फीस के 25 प्रतिशत (जवन कम होखे) के जुर्माना लगावल जाई।

मुंबई इंडियंस के खिलाफ लखनऊ सुपर जायंट्स के Playing 11


एडन माक्ररम, मिचेल मार्श, निकोलस पूरन, ऋषभ पंत (विकेटकीपर/कप्तान), अब्दुल समद, आयुष बडोनी, दिग्वेश सिंह राठी, रवि बिश्नोई, अवेश खान, प्रिंस यादव, मयंक यादव।

इहो पढ़ीं: पाकिस्तान के नया पैंतरा: पहलगाम आतंकी हमला के जांच में रूस आ चीन के भागीदारी चाहत बा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]