[the_ad_group id="30365"]

FMCG Sector: रिन, लक्स, लाइफबॉय, फेयर एंड लवली, चायपत्ती आ हॉर्लिक्स समेत एह चीजन के बढ़ सकत बा दाम, जानीं का बा वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महंगाई से जूझ रहल आम आदमी खातिर बढ़िया खबर नइखे। साबुन, टूथपेस्ट आ शैंपू जइसन रोजाना इस्तेमाल कइल जाये वाला चीझन के कीमत में इजाफा हो सकत बा। रिन, लक्स, लाइफबॉय, फेयर एंड लवली, हॉर्लिक्स जइसन कइयन कंज्यूमर गुड्स बनावे वाला दिग्गज कंपनी हिंदुस्तान यूनिलीवर लिमिटेड (HUL) अपना प्रॉडक्ट्स के कीमत बढ़ा सकत बा। कंपनी कहलस कि ओकर पैरेंट कंपनी यूनिलीवर पीएलसी रॉयल्टी फीस में 80 बेसिस पॉइंट्स के इजाफा कइले बा। ई बढ़न्ती तीन साल में चरणबद्ध तरीका से लागू कइल जाई। यूनिलीवर दस साल में पहिला बेर रॉयल्टी फीस बढ़वले बा। एकरा पहिले कंपनी साल 2013 में एमे इजाफा कइले रहे।

एचयूएल कहलस कि नया एग्रीमेंट के मोताबिक रॉयल्टी आ सेंट्रल सर्विसेज फीस के बढ़ाके 3.45 फीसदी कs दिहल गइल बा। पिछला वित्त वर्ष में ई 2.65 फीसदी रहे। पिछला फाइनेंशियल ईयर में एचयूएल के रेवेन्यू 51,193 करोड़ रुपिया रहल जवन एक साल पहिले के तुलना में 11.3 फीसदी अधिका बा। एमे से कंपनी अपना पैरेंट कंपनी के 2.65 फीसदी के रॉयल्टी फीस चुकवले रहे। रॉयल्टी फीस में 80 बीपीएस के बढ़न्ती तीन चरणन  में लागू कइल जाई। एकरा से एचयूएल के रॉयल्टी फीस फरवरी से दिसंबर 2023 खातिर 45 बीपीएस बढ़ जाई। एही तरे 2024 में एमे 25 बीपीएस आ 2025 में 10 फीसदी के बढ़न्ती होई।

शेयर में गिरावट

एकरा के एचयूएल खातिर निगेटिव मानल जा रहल बा। एकर वजह ई बा कि कंपनी अब तक सेल्स आ वॉल्यूम में स्ट्रॉन्ग रिकवरी हासिल नइखे कs पाइल। महंगाई के मार झेल रहल आम लोग महंगा सामान पs खरचा से परहेज कs सकत बा। एसे कंपनी के रेवेन्यू प्रभावित हो सकत बा। बियफे के कंपनी के शेयर एनएसई पs 1.6 फीसदी के गिरावट के संगे 2,643.05 रुपिया पs बंद भइल। रॉयल्टी एग्रीमेंट से एचयूएल के यूनिलीवर के ट्रेडमार्क, टेक्नोलॉजी, कॉरपोरेट लोगन के इस्तेमाल करे के अधिकार मिलत बा। यूनिलीवर पीएलसी ब्रिटेन के कंपनी हs।

एचयूएल के लगे फूड, होमकेयर, पर्सनल केयर आ वॉटर प्यूरिफायर के कइयन जानल-मानल प्रॉडक्ट्स सामिल बा। एमे अन्नूपूर्णा नमक आ आटा, ब्रू कॉफी, ब्रुक बॉन्ड चाय, किसान कैचअप, जूस आउर जैम, लिप्टन चाय, नॉर सूप, क्वालिटी वॉल आइसक्रीम, हॉर्लिक्स, व्हील, रिन, सर्फ एक्सल, विम, क्लीनिक प्लस शैंपू, डव, लाइफबॉय, डेनिम शेविंग क्रीम, लैक्मे, लक्स, पेप्सोडेंट, रेक्सोना, सनसिल्क आ प्योरइट सामिल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]