[the_ad_group id="30365"]

बिहार के 15 जिलन में इंटरनेट सेवा पs पाबंदी 24 घंटा बढ़ावल गइल, फेसबुक, व्हाट्सएप समेत 22 ऐप पs मैसेज-फोटो-वीडियो बैन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अग्निपथ योजना के खिलाफ बिहार में हो रहल उपद्रव के देखत राज्य सरकार 15 जिलन में इंटरनेट सेवा पs 19 जून से 48 घंटा खातिर लागल रोक के बढ़ा देले बिया। अब 20 जून तक सूबे के 15 जिलन में इंटरनेट बैन रही। असामाजिक तत्वन द्वारा फईलावल जा रहल अफवाह के रोके खातिर सब तरे के सोशल नेटवर्किंग साइट पs पाबंदी लगावल गइल बा। हालांकि एह जिलन में सरकारी कामकाज खातिर इस्तेमाल होखे वाला इंटरनेट सेवा बहाल रही।

कैमूर, भोजपुर, औरंगाबाद, रोहतास, बक्सर, नवादा, पश्चिम चंपारण, समस्तीपुर, लखीसराय, बेगूसराय, वैशाली, सारण, मुजफ्फरपुर, मोतिहारी आ दरभंगा में इंटरनेट के सेवा बाधित रही। अग्निपथ योजना के लेके तोड़फोड़, आगजनी आ रोड़ेबाजी के अधिकतर घटना एही जिलन में भइल बा।

एह App के कइल गइल बा बैन

– Facebook
– Twitter
– Whatsapp
– QQ
– Wechat
– Qzone
– Tublr
– Google+
– Baidu
– Skype
– Viber
– Line
– Snapchat
– Pinterest
– Telegram
– Reddit
– Snaptish
– Youtube (upload)
– Vinc
– Xanga
– Buaanet
– Flickr

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]