Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार के 15 जिलन में इंटरनेट सेवा पs पाबंदी 24 घंटा बढ़ावल गइल, फेसबुक, व्हाट्सएप समेत 22 ऐप पs मैसेज-फोटो-वीडियो बैन

कैमूर, भोजपुर, औरंगाबाद, रोहतास, बक्सर, नवादा, पश्चिम चंपारण, समस्तीपुर, लखीसराय, बेगूसराय, वैशाली, सारण, मुजफ्फरपुर, मोतिहारी आ दरभंगा में इंटरनेट के सेवा बाधित रही।

329
अग्निपथ योजना के खिलाफ बिहार में हो रहल उपद्रव के देखत राज्य सरकार 15 जिलन में इंटरनेट सेवा पs 19 जून से 48 घंटा खातिर लागल रोक के बढ़ा देले बिया। अब 20 जून तक सूबे के 15 जिलन में इंटरनेट बैन रही। असामाजिक तत्वन द्वारा फईलावल जा रहल अफवाह के रोके खातिर सब तरे के सोशल नेटवर्किंग साइट पs पाबंदी लगावल गइल बा। हालांकि एह जिलन में सरकारी कामकाज खातिर इस्तेमाल होखे वाला इंटरनेट सेवा बहाल रही।

कैमूर, भोजपुर, औरंगाबाद, रोहतास, बक्सर, नवादा, पश्चिम चंपारण, समस्तीपुर, लखीसराय, बेगूसराय, वैशाली, सारण, मुजफ्फरपुर, मोतिहारी आ दरभंगा में इंटरनेट के सेवा बाधित रही। अग्निपथ योजना के लेके तोड़फोड़, आगजनी आ रोड़ेबाजी के अधिकतर घटना एही जिलन में भइल बा।

एह App के कइल गइल बा बैन

– Facebook
– Twitter
– Whatsapp
– QQ
– Wechat
– Qzone
– Tublr
– Google+
– Baidu
– Skype
– Viber
– Line
– Snapchat
– Pinterest
– Telegram
– Reddit
– Snaptish
– Youtube (upload)
– Vinc
– Xanga
– Buaanet
– Flickr

 

276730cookie-checkबिहार के 15 जिलन में इंटरनेट सेवा पs पाबंदी 24 घंटा बढ़ावल गइल, फेसबुक, व्हाट्सएप समेत 22 ऐप पs मैसेज-फोटो-वीडियो बैन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.