[the_ad_group id="30365"]

यूपी के ए जिलन के व्यापारियन के राहत, इहां से गुजरी स्पेशल कार्गो ट्रेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

छोट उद्योग से जुड़ल व्यापारियन के राहत के खबर बा। उत्तरी रेलवे गति शक्ति तीव्र कार्गो ट्रेन शुरू कर दिहले बा। एकरा संगे व्यापारी जल्दिए पूर्वोत्तर राज्य असम अवुरी त्रिपुरा समेत हरियाणा में आपन सामान पहुंचा सकेले। इ ट्रेन लखनऊ से दिल्ली, मुरादाबाद होत हाई स्पीड कार्गो ट्रेन के रूप में गुजरी। लखनऊ मंडल के सोनिक आ बाराबंकी के गुड्स शेड्स से हर मंगल के दिने ट्रेन में सामान लोड कइल जाई।

उत्तरी रेलवे लखनऊ संभाग के वरिष्ठ डीसीएम रेखा शर्मा बतवली कि पहिले पूर्वोत्तर राज्य में खाद्य अनाज पहुंचावल बहुत मुश्किल रहे। ए कठिनाई के देखत रेलवे गति शक्ति रैपिड कार्गो ट्रेन शुरू कईले बिया। एहसे लखनऊ, उन्नाव, कानपुर, बाराबंकी आ अयोध्या के व्यापारियन के राहत मिली। इ ट्रेन तय समय सारिणी के आधार पs चली। व्यापारी एक संगे दुगो वैगन बुक क सकता। एकरा खातिर टोल फ्री नंबर 9794833951 पs जानकारी लिहल जा सकता।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]