Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी के ए जिलन के व्यापारियन के राहत, इहां से गुजरी स्पेशल कार्गो ट्रेन

छोट उद्योग से जुड़ल व्यापारियन के राहत के खबर बा। कार्गो ट्रेन शुरू हो गईल बा। एकरा चलते असम के पूर्वोत्तर राज्य में व्यापारी आपन सामान बेच सकेले।आ जल्दिए त्रिपुरा समेत हरियाणा चहुँप जाई। 

232

 

छोट उद्योग से जुड़ल व्यापारियन के राहत के खबर बा। उत्तरी रेलवे गति शक्ति तीव्र कार्गो ट्रेन शुरू कर दिहले बा। एकरा संगे व्यापारी जल्दिए पूर्वोत्तर राज्य असम अवुरी त्रिपुरा समेत हरियाणा में आपन सामान पहुंचा सकेले। इ ट्रेन लखनऊ से दिल्ली, मुरादाबाद होत हाई स्पीड कार्गो ट्रेन के रूप में गुजरी। लखनऊ मंडल के सोनिक आ बाराबंकी के गुड्स शेड्स से हर मंगल के दिने ट्रेन में सामान लोड कइल जाई।

उत्तरी रेलवे लखनऊ संभाग के वरिष्ठ डीसीएम रेखा शर्मा बतवली कि पहिले पूर्वोत्तर राज्य में खाद्य अनाज पहुंचावल बहुत मुश्किल रहे। ए कठिनाई के देखत रेलवे गति शक्ति रैपिड कार्गो ट्रेन शुरू कईले बिया। एहसे लखनऊ, उन्नाव, कानपुर, बाराबंकी आ अयोध्या के व्यापारियन के राहत मिली। इ ट्रेन तय समय सारिणी के आधार पs चली। व्यापारी एक संगे दुगो वैगन बुक क सकता। एकरा खातिर टोल फ्री नंबर 9794833951 पs जानकारी लिहल जा सकता।

 

563390cookie-checkयूपी के ए जिलन के व्यापारियन के राहत, इहां से गुजरी स्पेशल कार्गो ट्रेन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.