[the_ad_group id="30365"]

रेप मामिला में सजा काट रहल राम रहीम के राहत, 21 दिन खातिर जेल से बाहर आइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रोहतक : डेरा सच्चा सौदा के मुखिया के रूप में आपन पहचान बनावे वाला राम रहीम जेल में अपना पाप के सजा काट रहल बाड़े। उ हरियाणा के रोहतक स्थित सुनारिया जेल में बंद बाड़े। उनुका के साल 2017 में साध्वी बलात्कार मामला में सजा सुनावल गईल रहे। बाद में छत्रपति हत्या के मामिला अवुरी रंजीत हत्या के मामिला में भी उनुका के दोषी करार दिहल गईल। ताजा खबर बा कि राम रहीम के 21 दिन के फरलो मंजूर हो गइल बा। मतलब कि उ 21 दिन से जेल से बाहर बाड़े। एह दौरान उ यूपी के बागपत जिला में स्थित बरनावा आश्रम में रहिहे।

कड़ा सुरक्षा के बीच जेल से बाहर

राम रहीम के कड़ा सुरक्षा के बीच दुपहरिया करीब 1:45 बजे सुनारिया जेल से बाहर निकालल गईल। राम रहीम के उत्तर प्रदेश के बरनावा आश्रम ले जाइल जा रहल बा।

राम रहीम पहिले भी जेल से बाहर निकलल बाड़े

सजा पा चुकल राम रहीम जेल से बाहर निकलल ई पहिला मउका नइखे। एकरा से पहिले भी उ 7 बेर जेल से बाहर निकलल रहले। अब उ 8 वां बार जेल से बाहर आ गईल बाड़े। उनुका 21 दिन के फरलो मिलल बा।

राम रहीम के फरलो मिलल राजनीतिक हलकन में चर्चा के विषय बन गइल बा। बतावल जात बा कि मध्य प्रदेश आ राजस्थान चुनाव के देखत उनुका के फरलो दिहल गइल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]