[the_ad_group id="30365"]

बिजली उपभोक्ता सs के राहत, नया ऐप से खुद जनरेट करीं इ बिल आ सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी पावर कॉरपोरेशन बिजली उपभोक्ता के सुविधा खातीर ‘कंज्यूमर ऐप’ लॉन्च कईले बा। एहसे बिजली उपभोक्ता के नया बिल पैदा करे आ बिल जमा करे के सुविधा मिल जाई। एकरा अलावे बिजली के भार बढ़ावे भा घटावे के सुविधा, मोबाइल नंबर अपडेट करे अवुरी पैन के सुविधा भी उपलब्ध होई। पावर कॉरपोरेशन के अधिकारी के मुताबिक फिलहाल दु दर्जन से जादे ऐप बा, जवना के चलते उपभोक्ता के बहुत परेशानी होखत रहे। उपभोक्ता ऐप में हर प्रकार के ऑनलाइन सेवा उपलब्ध बा। सगरी पुरान ऐप बंद हो जाई।

नया ऐप व्हाट्सएप से जुड़ल होई

पावर कॉरपोरेशन के ‘कंज्यूमर ऐप’ के भी व्हाट्सएप से जोड़ल जाई। एकरा संगे उपभोक्ता के बिजली कटौती, मीटर रीडिंग अवुरी बिजली लोड से जुड़ल सभ जानकारी व्हाट्सएप के माध्यम से मिल सकता। संगही, पावर कॉरपोरेशन 1912 मीटर रीडिंग अवुरी बिल भुगतान खातीर इस्तेमाल होखेवाला सभ मोबाइल ऐप के उपभोक्ता ऐप में जोड़ दिही। एकरा संगे बिजली उपभोक्ता के अलग-अलग ऐप के जरूरत ना पड़ी। इलेक्ट्रिकल इंजीनियर संघ के महासचिव जितेन्द्र सिंह गुर्जर कहले कि प्ले स्टोर से नाया ऐप डाउनलोड कईला के बाद उपभोक्ता के पंजीकृत मोबाइल नंबर पs ओटीपी भेजल जाई।

कंज्यूमर ऐप में मिली सुविधा

https://play.google.com/store/apps/details?

id=com.pspl.consumer

• बिजली बिल जनरेट करल

• बिल जमा करल

• विद्युत लोड बढ़ावल/घटावल – – बिजली चोरी के शिकायत

• बिजली सप्लाई के शिकायत

•विद्युत विच्छेदन

• गलत मीटर रीडिंग के शिकायत

•उपभोक्ता नाम बदल सकेलें

यूपी पावर कारपोरेशन के निदेशक आईटी सर्वजीत घोष बिजली उपभोक्ता के सुविधा खातिर उपभोक्ता ऐप के लॉन्च कईल गईल बतवले। एहमें बिजली बिल जनरेट आ जमा करावे समेत सगरी सुविधा उपलब्ध करावल जाई। एकरा अलावे बिजली के भार बढ़ावे खातीर ऑनलाइन सेवा के भी लाभ उठावल जा सकता। कई तरह के ऐप होखला से उपभोक्ता के असुविधा होखत रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]