Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

31 जनवरी तक सारण में स्कूली लईकन के राहत: ठंड आ कोहरा के कारण अब 10 बजे से चली स्कूल, आदेस पत्र जारी

1,649

बढ़त ठंड के बीच अब विद्यालयन के टाइमिंग में बदलाव कइल गइल बा। विद्यालयन के टाइमिंग के बदलाव के लेके सारण मंडल के आयुक्त पत्र जारी कइले बाड़ें। बढ़त ठंड आ शीतलहर के मद्देनजर छात्रन के ठंड से परेसानी के लेके पत्र जारी भइल बा।

विद्यालय में समय सारणी में बदलाव करत विद्यालय में क्लास सुरू होखे आ खत्म होखे के समय में कटौती कइल गइल बा। एक हफ्ता से सारण के मौसम में लगातार बदलाव देखल जा रहल बा।रोजाना तापमान में लगातार गिरावट दर्ज कइल जा रहल बा। कुहासा आ बढ़ते ठंड के बीच लईकन के स्वास्थ पs प्रतिकूल असर पड़ रहल बा।

जारी कइल गइल पत्र के अनुसार राज्य में शीतलहर के प्रकोप के देखते 31 जनवरी तक सारण प्रमंडल के सब सरकारी विद्यालयन में कक्षा एक से कक्षा आठ तक में क्लास 10:00 बजे पूर्वाह्न से 03:30 बजे अपराह्न तक आ कक्षा नौ से कक्षा 12 तक में क्लास 09:30 बजे पूर्वाहन से 04:00 बजे अपराह्न तक निर्धारित कइल गइल बा। कक्षा तीन से कक्षा आठ तक के विद्यार्थियन खातिर संचालित मिशन दक्ष आ कक्षा नौ से कक्षा 12 तक के विद्यार्थियन खातिर संचालित विशेष कक्षा के अनिवार्य रूप से उपरोक्त अवधि में सम्पन्न करावल सुनिश्चित करे के बा।

सब शिक्षक आपन पूर्व निर्धारित अवधि (09:00 बजे पूर्वाह्न से 05:00 बजे अपराह्न तक) में विद्यालय में उपस्थित रहल सुनिश्चित करी लो। संगही इहो सुनिश्चित कइल जाव कि बोर्ड परीक्षा के तइयारी में कवनो बाधा ना पहुंचे ।

709260cookie-check31 जनवरी तक सारण में स्कूली लईकन के राहत: ठंड आ कोहरा के कारण अब 10 बजे से चली स्कूल, आदेस पत्र जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.