Gorakhpur News: सादी के झांसा देके बनइलस संबंध, दबाव बनवले पs वायरल कs दिहलस सोशल मीडिया पs वीडियो 

Minee Upadhyay
- Sponsored Ads-

 

एगो स्थानीय लईकी के संगे बियाह के बहाने दु साल तक शारीरिक संबंध बना के अब ओकर अश्लील वीडियो वायरल करे के मामिला सोझा आईल बा। आरोप बा कि बियाह के दबाव के चलते युवक वीडियो के वायरल कs के जान से मारे के धमकी देले। लईकी थाना में शिकायत दर्ज करवले बिया, पुलिस मामिला दर्ज कs के मामिला के छानबीन करतिया।

जानकारी के मुताबिक नगर पंचायत इलाका के लईकी के पढ़ाई के दौरान महाराजगंज जिला के पनियरा थाना क्षेत्र के मोनू पाल से प्रेम संबंध रहे। प्रेमी-प्रेमिका पहिले तs बतियावत रहले। युवक अपना प्रेमिका से बियाह करे के प्रस्ताव देके शारीरिक संबंध भी बनवले रहे। आरोप बा कि दु साल से रिश्ता रहला के बाद अब उs बियाह ना कईल चाहतारे।इs अश्लील वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो गइल।

- Sponsored Ads-

पुलिस के कहनाम बा कि पीड़िता के शिकायत पs महाराजगंज के पनियरा निवासी आरोपी मोनू पाल के खिलाफ धोखाधड़ी, बलात्कार अवुरी आईटी एक्ट के तहत मामिला दर्ज भईल बा। आरोपी के तलाशी लिहल जाता।

 

 

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।