[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: सादी के झांसा देके बनइलस संबंध, दबाव बनवले पs वायरल कs दिहलस सोशल मीडिया पs वीडियो 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एगो स्थानीय लईकी के संगे बियाह के बहाने दु साल तक शारीरिक संबंध बना के अब ओकर अश्लील वीडियो वायरल करे के मामिला सोझा आईल बा। आरोप बा कि बियाह के दबाव के चलते युवक वीडियो के वायरल कs के जान से मारे के धमकी देले। लईकी थाना में शिकायत दर्ज करवले बिया, पुलिस मामिला दर्ज कs के मामिला के छानबीन करतिया।

जानकारी के मुताबिक नगर पंचायत इलाका के लईकी के पढ़ाई के दौरान महाराजगंज जिला के पनियरा थाना क्षेत्र के मोनू पाल से प्रेम संबंध रहे। प्रेमी-प्रेमिका पहिले तs बतियावत रहले। युवक अपना प्रेमिका से बियाह करे के प्रस्ताव देके शारीरिक संबंध भी बनवले रहे। आरोप बा कि दु साल से रिश्ता रहला के बाद अब उs बियाह ना कईल चाहतारे।इs अश्लील वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो गइल।

पुलिस के कहनाम बा कि पीड़िता के शिकायत पs महाराजगंज के पनियरा निवासी आरोपी मोनू पाल के खिलाफ धोखाधड़ी, बलात्कार अवुरी आईटी एक्ट के तहत मामिला दर्ज भईल बा। आरोपी के तलाशी लिहल जाता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]