[the_ad_group id="30365"]

Mashrak: चोरी के रिफाइंड तेल जप्त, जांच पड़ताल सुरु 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रितम सिंह, खबर भोजपुरी: सारण जिला के मशरक थाना क्षेत्र के डुमरसन बाजार के एगो मकान में पावल गइल 1272 टिन रिफाइंड तेल जांच-पड़ताल के दौरान गोपालगंज जिला के सिधवलिया थाना क्षेत्र में ट्रक से चोरी के पावल गइल।

ममिला के बारे में रउआ के बता दीं कि बीतल दिनन में पहिले गुप्त सुचना के आधार पs बीडीओ मो आसिफ, प्रखंड आपूर्ति पदाधिकारी अजीत कुमार आ थानाध्यक्ष रितेश कुमार मिश्रा डुमरसन बाजार में लाल बाबू राय के मकान आ दोकान में 1272 टिन रिफाइंड तेल बरामद कइल लो। जवना के कागजात के मांग कइला पs कवनो कागजात ना देखवला पs दोकान आ मकान के कमरन के सील कs दिहल गइल।

ओहिजा ममिला में रिफाइंड तेल मालिक द्वारा प्राथमिकी गोपालगंज जिला के सिधवलिया थाना में दर्ज करावल गइल बा दर्ज प्राथमिकी में अनिल कुमार गुप्ता पिता स्व ध्रुव शंकर प्रसाद पीडी रोड लाइंस रक्सौल पूर्वी चम्पारण बतवलें कि गर्ग इंटरप्राइजेज अडी गोला रोड रघुवंश रोड मुजफ्फरपुर से 1500 टिन सोयाबीन आयल तेल जवना के कीमत 38 लाख 43 हजार रपिया आहर आयल इंडस्ट्री नियर इंडस्ट्रियल एरिया किराना रोड सामली यूपी खातिर भेजे के रहे। जवना खातिर न्यू बजरंगबली ट्रांसपोर्ट रक्सौल से सम्पर्क कइल गइल। 14 चक्का ट्रक बीआर 06जीडी 6952 के चालक संजन कुमार पिता स्व रामेश्वर पाठक गांव रामपुर गोपाल वार्ड-11 थाना चकिया जिला मोतीहारी आ सहचालक धीरज कुमार पांडेय पिता विरेन्द्र पांडेय गांव- बलमी सिरसिया थाना कल्याणपुर पूर्वी चम्पारण लेके चलल लो आ ट्रक समेत सभे गायब हो गइल।

जवना के खोजबीन में ट्रक मालिक कौशल किशोर चौधुर पिता शंकर चौधुर गांव बंगरा जसौली थाना कोटवा जिला मोतीहारी के सुचना दिहल गइल। तs खोजबीन में उनका द्वारा बतावल गइल कि ट्रक गोपालगंज जिला के सिधवलिया थाना क्षेत्र के बरहिमा मठिया पार्किंग में खड़ा बा आ माल गायब बा।

ममिला में सिधवलिया थाना पुलिस के आवेदन दिहल गइल।  पुलिस ममिला में प्राथमिकी दर्ज कs के जांच पड़ताल कर रहल बिया। ओहिजा रिफाइंड तेल के मालिक अनिल कुमार गुप्ता बतवले कि उनका द्वारा मशरक थाना पुलिस के सुचना दे दिहल गइल बा। ओहिजा ऊ बतवले कि सिधवलिया पुलिस के मदद से मुजफ्फरपुर के साहेबगंज में कुछ रिफाइंड तेल के टिन बरामद कइल गइल बा आ उहां से एगो शख्स के गिरफ्तार कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]