[the_ad_group id="30365"]

Operation Sindoor: यूपी में रेड अलर्ट घोषित, महत्वपूर्ण प्रतिष्ठानन के सुरक्षा सुदृढ़ करे के निर्देश दिहल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पहलगाम में भईल आतंकी हमला के जवाब में भारतीय सेना पाकिस्तान के भीतर घुस के ऑपरेशन सिंदूर कईलस अवुरी नौ आतंकी लुकाईल जगह के तबाह कs देलस। एकरा बाद उत्तर प्रदेश में रेड अलर्ट जारी कs दिहल गईल बा।

मंगल के यूपी के डीजीपी के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि ऑपरेशन सिंदूर के तहत भारतीय सेना के ओर से कईल गईल कार्रवाई के देखत उत्तर प्रदेश में रेड अलर्ट के घोषणा कईल गईल बा।

यूपी पुलिस के सगरी फील्ड यूनिट के रक्षा बल से तालमेल बनावे आ महत्वपूर्ण प्रतिष्ठानन पs सुरक्षा मजबूत करे के निर्देश दिहल गइल बा.

यूपी पुलिस सतर्क, संसाधन से लैस अवुरी राज्य के हर नागरिक के सुरक्षा सुनिश्चित करे खातीर पूरा तरीका से तैयार बिया। जय हिन्द

भारतीय सेना पाकिस्तान आ पोके के भीतर आतंकियन के लुकाइल जगहन के तबाह कs दिहलस. एहमें आतंकी नेता हाफिज सईद आ मसूद अजहर के लुकाइल जगह शामिल बा. मिलल जानकारी के मुताबिक भारत मुजफ्फराबाद, बहावलपुर, मुरीदके, सियालकोट, कोटली, बाघ, गुलपुर, भिंबेर अवुरी शकरगढ़ में आतंकी लुकाईल जगह पs निशाना बनवले बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]