Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बनाईं गाजर के हलुआ

खुशबू श्रीवास्तव के रसोई से

194
सीवान इन्शुरेंस 720 90

आईं जानल जा गाजर के हलुआ बनवले के रेसिपी

गाजर के हलुआ बनावे के सामान

1 कीलो गाजर
1 ½ लीटर दूध
8 गो हरिहर इलायची
5-7 छोटका चम्मच के घीव

छोटकी कटोरी चीनी
2 गो किसमिस
काजू ,बादाम,
कटल
गाजर के हलुआ बनवले के तरीका
1.गाजर के पहिले निम्मन से छील के घिस लेई|

2.एकरे बाद इलाइची डाल के दूध के हल्लुक आंच पर उबालीं।

3.भारी कढ़ाही में घीउ के गरम करी अउर ओमें घिसल गाजर अउर दूध मिलाई। हल्लुक आंच पs लमसम 10-15 मिनट खातिर रखके छोड़ देंईं।

Middle Yayawari

4.फिर एमें चीनी मिलाके हलुआ के तबले पकाईं जबले एकर रंग, गाढ लाल रंग के न हो जाईं।

5. निम्मन से पाक गइले के बाद एमें काटल किसमिस काजू ,बादाम मेराईं।

(खुसबु श्रीवास्तव)

217790cookie-checkबनाईं गाजर के हलुआ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.