Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जदयू में कृपा के लेके विवाद : अशोक चौधरी कहले – नीतीश के कृपा से पनपल आरसीपी सिंह में नईखे 5000 लोग के जुटावे के हैसियत

बिहार में जदयू के नेता लोग में कृपा के लेके विवाद सुरू हो गईल बा। पूर्व केंद्रीय मंत्री आरसीपी सिंह कहले रहले कि पीएम नरेंद्र मोदी के कृपा से उ मंत्री बन गईले। जवाब में जदयू कहलस कि जवन कुछ होखे, उ नीतीश के कृपा से बा।

851

पूर्व केंद्रीय मंत्री आरसीपी सिंह जइसही पटना पहुंचले उनकर पीएम नरेंद्र मोदी के कृपा से मंत्री बने के बयान  आग में घीव के काम कर गईल। केकरा कृपा से आरसीपी सिंह मंत्री बनले, एह बात के लेके जदयू के नेता भड़क गईल बाड़े आ लगातार उनका खिलाफ बोलत बा लो। जदयू के वरिष्ठ मंत्री अशोक चौधरी कहले कि खाली आरसीपी सिंह ना, जदयू में जे केहू नेता बनल बा, सभे नीतीश कुमार के कृपा से बनल बा, चौधरी कहले कि पांच हजार लोग के जुटावे के आरसीपी सिंह के हैसियत नईखे। चौधरी कहले कि आरसीपी सिंह के पीएम के कृपा से मंत्री बने वाला बात से इहो साफ हो गइल बा कि उनका मंत्री बने में नीतीश कुमार के सहमति ना रहे।

ए घरी नीतीश कुमार के संगे अधिकांश जगहन पs देखाई देवे वाला अशोक चौधरी कहले कि, आरसीपी सिंह के ई कहल हास्यास्पद बा कि उ अपना मेहनत से बनल बाड़े, जबकि नीतीश उनका के सांसद, पार्टी के महासचिव आ पार्टी के अध्यक्ष तक बनवले। अशोक चौधरी उहे नेता हउवें जे राज्यसभा चुनाव टिकट के दौड़ के बेरा आरसीपी आ नीतीश कुमार के बीसहेबियाह समारोह में बइठ गइल रहले। मानल जाला कि नीतीश आरसीपी सिंह से बात ना कईल चाहत रहले, एहसे अशोक चौधरी के बीच में बईठा दिहल गईल।

अशोक चौधरी एतने पs ना रुकले, उ सवाल उठवले कि आरसीपी के मेहनत का बा, एगो कार्यकर्ता के रूप में आरसीपी के का योगदान बा, केहु कह सकता कि उ लोग अपना मेहनत से बनल बा लेकिन सच्चाई इहे बा कि जदयू में नेता चाहे केहू होखे उ सब नीतीश के कृपा से फल-फूल रहल बा। चौधरी कहले कि जदयू में केहु नीतीश के खिलाफ नईखे अउरी जे उनका खिलाफ बा उ जदयू में नईखे। चौधरी कहले कि नीतीश जदयू के मान्यता प्राप्त नेता हवे अवुरी जेकरा लगे उनुकर आशीर्वाद बा उ जदयू में आगे बढ़ेला।

बियफे का दिने आरसीपी पs पार्टी के ई दुसरका हमला रहल। एकरा से पहिले सबेरे जदयू प्रवक्ता अरविंद निषाद कहले रहले कि, नीतीश के कृपा से सांसद, पार्टी के महासचिव अउरी अध्यक्ष बनेवाला आदमी कहतारे कि उ अपना मेहनत से बनल बाडे, तs ई सच्चाई इ बा कि उनका मेहनत से पार्टी 71 से 43 पs आ गइल। अरविंद निषाद के जदयू अध्यक्ष ललन सिंह के करीबी मानल जाला। उनुका बयान से साफ बा कि पार्टी आरसीपी सिंह पs नरम होखे के कवनो मूड में नईखे।

बियफे के जदयू के वरिष्ठ मंत्री बिजेन्द्र यादवो कहले रहले कि पार्टी अध्यक्ष ललन सिंह तय करिहे कि जदयू में आरसीपी सिंह कवन भूमिका निभइहे। अशोक चौधरी सुक का दिने दोहरवले बाड़न कि पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष तय करिहें कि आरसीपी के कवन भूमिका होखी। इहाँ इहो संकेत साफ बा कि नीतीश कुमार फिलहाल आपन दरवाजा बंद क देले बाड़े। अगर आरसीपी सिंह जदयू में सक्रिय रहल चाहतारे तs उनका ललन सिंह से बात करे के पड़ी। ललन सिंह खाली पार्टी अध्यक्ष ना हउवें बलुक उहो नेता हउवें जिनका के मोदी मंत्रिमंडल के विस्तार में जब आरसीपी जदयू से अकेला मंत्री बनल रहले तब मंत्री बने के अटकल लगावल जात रहे।

289380cookie-checkजदयू में कृपा के लेके विवाद : अशोक चौधरी कहले – नीतीश के कृपा से पनपल आरसीपी सिंह में नईखे 5000 लोग के जुटावे के हैसियत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.