[the_ad_group id="30365"]

RCB vs CSK: आरसीबी शीर्ष पs पहुंच, चेन्नई के नउवा हार; जैकब-कोहली के बाद रोमारियो आ एनगिडी चमकल लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: रोमांचक मैच में रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (आरसीबी) चेन्नई सुपर किंग्स (सीएसके) के दु रन से हराके प्लेऑफ खातिर आपन इस्थिति मजबूत कs लेलें। ई जीत आरसीबी के 16 अंकन के संगे अंक तालिका में शीर्ष पs पहुंचा देले बा। ओहिजा, सीएसके नउवां शिकस्त के संगे 10वां पायदान पs मवजूद बिया। सनीचर के चिन्नास्वामी में खेलल गइल एह मुकाबला में टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल आरसीबी 20 ओवर में पांच विकेट खोकर 213 रन बनाए। जवाब में सीएसके निर्धारित ओवर में पांच विकेट गंवाके 211 रन बना सकल। ओकरा खातिर आयुष म्हात्रे 94 आ रवींद्र जडेजा 77* रन बनावल लो। ओहिजा, आरसीबी खातिर लुंगी एनगिडी तीन जबकि क्रुणाल पांड्या आ यश दयाल एक-एक विकेट हासिल कइल लो।

चेन्नई के पारी

लक्ष्य के पीछा करे उतरल चेन्नई 58 के स्कोर पs दु विकेट खो देले रहे। शेख रशीद 14 आ सैम करन पांच रन बनाके आउट भइल लो। एकरा बाद आयुष म्हात्रे के रवींद्र जडेजा के साथ मिलल। दुनो के बीच तीसरका विकेट खातिर 64 गेना में 114 रन के साझेदारी भइल। 17 वर्षीय बल्लेबाज 48 गेना में 94 रन बनवलें। एह दौरान उनका बल्ला से नव चौका आ पांच छक्का निकलल। ओहिजा, रवींद्र जडेजा 45 गेना में 77 रन बनाके नाबाद रहलें। ओहिजा, महेंद्र सिंह धोनी 12 आ शिवम दुबे आठ* रन बनवलें, जबकि डेवाल्ड ब्रेविस खाता तक ना खोल सकलें।

आरसीबी के पारी

एकरा पहिले जैकब बेथेल आ विराट कोहली आरसीबी के अच्छा सुरुआत दिलवले रहे लो। दुनो के बीच पहिला विकेट खातिर 97 रन के साझेदारी भइल। मथीशा पथिराना बेथेल के आपन शिकार बनवलें। ऊ 33 गेना में 55 रन बनाके आउट भइलें। एह दौरान ऊ आठ चौका आ दुगो छक्का लगवलें। वहीं, किंग कोहली 33 गेंदों में 62 रन बनाकर पवेलियन लौटे। आखिरी ओवरन में रोमारियो शेफर्ड धमाल मचवलें। ऊ मात्र 14 गेना में 53* रन बनवलें।।देवदत्त पडिक्कल 17, रजत पाटीदार 11 आ जितेश शर्मा सात रन बनावल लो। ओहिजा, टिम डेविड दु रन बनाके नाबाद रहलें। चेन्नई खातिर मथीशा पथिराना तीन विकेट झटकलें जबकि नूर अहमद आ सैम करन एक-एक विकेट हासिल कइल लो।

Read Also: GT vs SRH: गुजरात प्लेऑफ खातिर बढ़वलस डेग, तालिका में दूसरका स्थान पs पहुंचल; सनराइजर्स के उम्मीदन के झटका

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]