[the_ad_group id="30365"]

RBI पेटीएम बैंक के डेडलाइन 15 मार्च तक बढ़वलस : एकरा बाद पईसा डिपॉजिट ना कइल जा सकी, वॉलेट आ फास्टैगो ना चली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया माने RBI पेटीएम पेमेंट बैंक में डिपॉजिट आ आउर ट्रांजैक्शंस के डेडलाइन के 15 मार्च तक बढ़ा देले बा। सुक के RBI एकरा के लेके एगो सर्कुलर जारी कइले बा। पिछला कुछ दिनन में सेंट्रल बैंक के लोगन के बहुत सारा सवालो मिलल रहे। ओकरा आधार पs, RBI एगो FAQ (सवाल-जवाब) जारी कइले बा।

एकरा पहिले 31 जनवरी के जारी सर्कुलर में RBI कहलस कि 29 फरवरी के बाद पेटीएम पेमेंट बैंक के अकाउंट में पईसा जमा ना कइल जा सकी। एह बैंक के माध्यम से वॉलेट, प्रीपेड सर्विसेज, फास्टैग आदोसर सर्विसेज में पईसा ना डालल जा सकी।

पेटीएम के एक्सिस बैंक के संगे पार्टनरशिप

एह बीच पेटीएम कहलस कि ऊ मर्चेंट्स पेमेंट्स के सेटलमेंट खातिर एक्सिस बैंक के संगे पार्टनरशिप कइले बा। कंपनी प्रेस रिलीज जारी कs के बतवलस कि वन97 कम्युनिकेशंस आपन नोडल अकाउंट के एक्सिस बैंक में ट्रांसफर कs के ओह बैंक में एगो एस्क्रो अकाउंट ओपन कइले बा।

वन97 कम्युनिकेशंस कहलस कि नोटल अकाउंट के एक्सिस बैंक में ट्रांसफर करे से पहिले के तरे बिना रुके मर्चेंट्स सेटलमेंट होते रही। कंपनी आ RBI कंफर्म कइलs कि पेटीएम QR, साउंडबॉक्स आ कार्ड मशीन सब मर्चेंट पार्टनर्स खातिर 15 मार्च के बादो हमेसा के तरे काम करत रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]