[the_ad_group id="30365"]

Adani Row: आरबीआई बैंकन से मंगलस अदाणी समूह के कर्ज-निवेश के ब्योरा, हिंडनबर्ग रिपोर्ट के बाद आइल आदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय रिजर्व बैंक देस के बैंकन से अदाणी समूह में ओकरा एक्पोजर के जानकारी मंगले बा। सरकार आ बैंकिंग क्षेत्र के सूत्रन के हवाले से कहल गइल बा कि केंद्रीय बैंक अलग-अलग घरेलू बैंकन से अदाणी समूह में ओकरा निवेश आ कर्जन के बारे में जानकारी देवे के कहले बा।

भारतीय रिजर्व बैंक ई डेग वर्तमान में जारी अदाणी समूह के शेयरन में उठा-पटक के बाद लेले बा। बीतल दिन अदाणी समूह आपन एफपीओ वापस ले लेले रहस। बियफे के सबेरे शेयर बाजार खुलला के बाद अदाणी समूह के शेयरन में बड़ गिरावट देखे के मिलल बा।

मानल जा रहल बा कि केंद्रीय बैंक अलग-अलग बैंकन से अदाणी समूह में ओकरा ओर से दिहल गइल ऋण आ निवेश के जानकारी लेके ई सुनिश्चित कइल चाहत बा कि अदाणी के शेयरन में ताजा उठा-पटक के माहौल के बीच बैंकन के वित्तीय स्थिति ठीक बनल राज। बता दीं कि अदाणी समूह पs हिंडनबर्ग के रिपोर्ट सार्वजनिक होखला के बाद कंपनी के शेयरन में भारी गिरावट दर्ज कइल गइल बा। एह बीच अदाणी समूह आपन  एफपीओ के वापस लेवे के फैसला कs देलेे बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]