Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Adani Row: आरबीआई बैंकन से मंगलस अदाणी समूह के कर्ज-निवेश के ब्योरा, हिंडनबर्ग रिपोर्ट के बाद आइल आदेस 

5,614

भारतीय रिजर्व बैंक देस के बैंकन से अदाणी समूह में ओकरा एक्पोजर के जानकारी मंगले बा। सरकार आ बैंकिंग क्षेत्र के सूत्रन के हवाले से कहल गइल बा कि केंद्रीय बैंक अलग-अलग घरेलू बैंकन से अदाणी समूह में ओकरा निवेश आ कर्जन के बारे में जानकारी देवे के कहले बा।

भारतीय रिजर्व बैंक ई डेग वर्तमान में जारी अदाणी समूह के शेयरन में उठा-पटक के बाद लेले बा। बीतल दिन अदाणी समूह आपन एफपीओ वापस ले लेले रहस। बियफे के सबेरे शेयर बाजार खुलला के बाद अदाणी समूह के शेयरन में बड़ गिरावट देखे के मिलल बा।

मानल जा रहल बा कि केंद्रीय बैंक अलग-अलग बैंकन से अदाणी समूह में ओकरा ओर से दिहल गइल ऋण आ निवेश के जानकारी लेके ई सुनिश्चित कइल चाहत बा कि अदाणी के शेयरन में ताजा उठा-पटक के माहौल के बीच बैंकन के वित्तीय स्थिति ठीक बनल राज। बता दीं कि अदाणी समूह पs हिंडनबर्ग के रिपोर्ट सार्वजनिक होखला के बाद कंपनी के शेयरन में भारी गिरावट दर्ज कइल गइल बा। एह बीच अदाणी समूह आपन  एफपीओ के वापस लेवे के फैसला कs देलेे बा।

448920cookie-checkAdani Row: आरबीआई बैंकन से मंगलस अदाणी समूह के कर्ज-निवेश के ब्योरा, हिंडनबर्ग रिपोर्ट के बाद आइल आदेस 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.