[the_ad_group id="30365"]

बरेका में दू साल बाद होई रावण दहन: 70 फीट के बन रहल बा रावण, मुस्लिम कारीगर बना रहल बानें पुतला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी के बरेका में विजयादशमी पs दू साल के बाद दशानन के पुतला के दहन होई। दशहरा के दिन दहन होखे वाले रावण, मेघनाद अउरी कुंभकर्ण के पुतला बनवलें में मंडुवाडीह के मुस्लिम कारीगर जुटल बानें। केंद्रीय खेल मैदान पs आयोजित होखे वाले दशहरा मेला के तैयारी शुरू हो गइल बा। ढाई घण्टा ले चले वाले रूपक के रिहर्सल भी कइल जा रहल बा।

विजयादशमी समिति के निदेशक एसडी सिंह बतवलें कि एह बेर रावण के पुतला के ऊंचाई 70 फीट, मेघनाद के 65 फीट अउरी कुंभकर्ण के पुतला के ऊंचाई 60 फीट होई। तीनो पुतला के निर्माण में मंडुवाडीह निवासी शमशाद अपने सहयोगी कारीगरन के संगे लागल बानें। मोनो एक्टिंग पs रामचरित मानस के चौपाई पर होखे वाले रूपक खातिर बरेका इंटर कालेज के छात्र अउरी छात्रा लोग जुटल बानें।

बरेका परिसर स्थित संस्थान हाल में रामचरितमानस के चौपाई पर आधारित रूपक मोनो एक्टिंग के राम वन गमन से ले के सीता अग्नि परीक्षा ले के लीला के पांच दृश्यावली में बांटल गइल। बरेका स्टेडियम में मंच से सब पात्रन के संवाद बोलल जाई। खेल मैदान में अयोध्या, पंचवटी, शबरी आश्रम, किष्किंधा, अशोक वाटिका, लंका अलगे-अलगे बनावल जात बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]