[the_ad_group id="30365"]

Ratan Tata: रतन टाटा एह अनजान व्यक्ति के नाव कs गइले 500 करोड़

रतन टाटा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हाल ही में रतन टाटा के वसीयत से एगो खुलासा भइल जवन एह इंडस्ट्री के जानल मानल दिग्गजन के हैरान कs दिहलस. असल में रतन टाटा अपना वसीयत में एगो अनजान आदमी के नाव पs 500 करोड़ रुपया छोड़ देले बाड़े. एs आदमी के नाव मोहिनी मोहन दत्त हs अवुरी रतन टाटा के वसीयत में एs नाव के शामिल होखे के जानकारी तक केहु के ना रहे। 10 अक्टूबर 2024 के रतन टाटा मुंबई के एगो अस्पताल में आपन आखिरी सांस लेहले।बता दी की मोहिनी मोहन दत्त के हs?

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

के हs मोहिनी मोहन दत्त?

मोहिनी मोहन दत्त रतन टाटा के लमहर समय से सहयोगी रहलें आ रतन टाटा के बहुत करीबी लोग आ परिवार के लोग ही जानत बाड़े।

मोहिनी मोहन दत्त जमशेदपुर के रहे वाला हउए अवुरी उs ट्रेवल क्षेत्र में जानल-मानल उद्यमी हs। मोहिनी मोहन दत्त अवुरी उनुकर परिवार के लोग ट्रैवल एजेंसी स्टैलियन के मालिक रहले। 2013 में स्टैलियन के ताज ग्रुप ऑफ होटल के ताज सर्विसेज में शामिल कईल गईल। एह कंपनी में 80% हिस्सेदारी मोहिनी मोहन दत्त आ उनुका परिवार के बा जबकि 20% हिस्सेदारी टाटा इंडस्ट्रीज के बा।

इहो पढ़ीं: Milkipur Byelection Result: भाजपा सपा के पीछे छोड़लस, उपमुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक कहले ‘दिल्ली आ मिल्कीपुर दुनु जीत रहल बा’

बेटी भी टाटा ग्रुप के हिस्सा हई

मोहिनी मोहन दत्त के बेटी में से एगो 2013 ले ताज ग्रुप में काम कईली। फिलहाल उनुकर बेटी टाटा ट्रस्ट के हिस्सा बाड़ी। मोहिनी मोहन दत्त के दिसंबर 2024 में रतन टाटा के जयंती मनावे में भी बोलावल गईल रहे। मोहिनी मोहन दत्त आ रतन टाटा के मुलाकात धनबाद में पहिला बेर भइल आ ओह घरी रतन टाटा के उमिर महज 24 साल के रहुवे.

इहो पढ़ीं: Propose Day 2025 : 8 फरवरी के काहें मनावल जा ला प्रपोज डे, जानीं कुछ इंटरेस्टिंग बात

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]