[the_ad_group id="30365"]

रतन टाटा के अंतिम दर्शन कs रहल बाड़े लोग, दुपहरिया बाद होई अंतिम संस्कार

रतन टाटा: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिग्गज उद्योगपति रतन टाटा के निधन पs देश भर के हस्ती दुख जतवले बाड़न. देश विदेश में रहे वाला भारतीय भी उनुका निधन पs दुख जतवले बाड़े। एक दिन महाराष्ट्र आ झारखंड समेत कई राज्यन में राज्य शोक मनावल गइल. पीएम मोदी भी उनुका निधन पs दुख जतवले बाड़े। रतन टाटा के नश्वर पार्थिव शरीर के सबेरे दस बजे से दर्शन खातीर एनसीपीए में राखल गइल बा।

अजीत पवार दिहले श्रद्धांजलि 

महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री अजीत पवार आ एनसीपी के कार्यरत अध्यक्ष प्रफुल्ल पटेल मुंबई के एनसीपीए के लॉन में रतन टाटा के आखिरी श्रद्धांजलि दिहले.

दुसरका कवनो रतन टाटा ना होहिहें – सुहेल सेठ

रतन टाटा के करीबी सहायक सुहेल सेठ उनुका के श्रद्धांजलि देत कहले कि, “दोसर रतन टाटा कबहूँ ना होई…आज हर भारतीय दुखी बानी जा। हम उनुका के एगो अयीसन आदमी के रूप में याद करब जवन कि बहुत कृपालु अवुरी मर्यादित रहले, अतना हिम्मत, धैर्य आ देश खातिर प्यार से आपन जिनिगी जिए वाला आदमी हमरा नइखे लागत कि ऊ कवनो अउर होई. ”

पीएम मोदी नोएल टाटा से बात कईले

रतन टाटा के निधन के बाद पीएम मोदी नोएल टाटा से बात कईले अवुरी दुख जतवले। रतन टाटा के भाई नोएल टाटा आयरलैंड बिजनेसमैन हउवें. हालांकि उनकर जनम भारत में ही भइल रहे।

अंतिम संस्कार इलेक्ट्रिक अग्निदाह में होई

रतन टाटा के अंतिम संस्कार वरली के पारसी दाह संस्कार स्थल में होई।  सबसे पहिले पार्थिव शरीर के प्रेयर हॉल में राखल जाई, जहवां करीब 200 लोग मौजूद हो सकतारे।  करीब 45 मिनट ले प्रार्थना होई। एकरा बाद नश्वर अवशेष के इलेक्ट्रिक शवदाह गृह में रखल जाई आ अंतिम संस्कार प्रक्रिया पूरा हो जाई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]