[the_ad_group id="30365"]

बदायूं में चूहा के पोंछ में सुतरी बान्ह के नाला में डुबा-डुबा के हत्या, बरेली में होई पोस्टमार्टम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बदायूं में चूहा पकड़ले के बाद ओकरे पोंछ में रसरी बान्ह के नाला में फेंके वाले एगो युवक के अइसन कइल भारी पड़ गइल। पशु प्रेमी विकेंद्र शर्मा के तहरीर पर पुलिस उनके खिलाफ पशु क्रूरता अधिनियम के तहत मुकदमा दर्ज कइले बा। उहवें चूहा के लाश के पोस्टमार्टम खातिर बरेली भेजल गइल बा।

लोग के दिल में चूहा खातिर केतना क्रूरता अउर कोमलता बा, एकर उदाहरण प्रदेश के बदायूं जिला में देखे के मिलल बा। इहां पर एगो आदमी चूहा के क्रूर तरीका से मारे के कोशिश कइल त दूसरका आदमी ओकर जान बचवले में जुट गइल। नाकाम होखले पर ऊ कानून के सहारा लिहलस अउर मामला दर्ज करवलें।

बदायूं सदर कोतवाली क्षेत्र के मोहल्ला पनवड़िया में चूहा पकड़ले के बाद उनकर पोछ में रसरी बान्ह के नाला में फेंकल एगो युवक के भारी पड़ गइल। शहर के मोहल्ला कल्याण नगर निवासी पशु प्रेमी विकेंद्र शर्मा के मुताबिक ऊ शहर में गांधी ग्राउंड चौराहा के लगसे जात रहनें। विकेंद्र ”पीपल फॉर एनिमल्स” के जिलाध्यक्ष भी बानें। विकेंद्र बतवलें कि जब उ नाला के पास से गुजरत रहनें, तब्बे ऊ मनोज नाम के एगो आदमी अउर उनके साथ कुछ बचवन के नाला के लग्गे बइठल रहनें।

मनोज एगो चूहा के ओकर पोछ से पत्थर बान्ह के नाला में बेर-बेर डूबावत रहनें। विकेंद्र के मुताबिक जब ऊ अइसन करे से मना कइलें त मनोज चूहा नाला में फेंक दिहनें। ऊ नाला में कूद के चूहा के निकललें। एह दौरान चूहा जिन्दा रहल लेकिन, कुछुए देर में उ मर गइल। विकेंद्र के मुताबिक मनोज उनसे कहनें कि ऊ रोज अइसही चूहे मारेला अउर आगे भी मरिहें। जौन चाहs ऊ कs लीहs।

एह मामिला के ले के विकेंद्र पशु क्रूरता अधिनियम के तहत बदायूं कोतवाली में प्रार्थना पत्र दिहलें त पुलिस मामला दर्ज कर आरोपी के हिरासत में लिहनें। उहवें, चूहा के लाश के पोस्टमार्टम खातिर भारतीय पशु चिकित्सा अनुसंधान संस्थान (आईवीआरआई) बरेली भेज दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]