[the_ad_group id="30365"]

15 अप्रिल 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 15/04/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 चैत शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

रात के 01 बजके 44 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्णिमा।

दिन-सुक।

उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र

दिन के 08 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद हस्त नक्षत्र।

ध्रुव जोग

सुबह में 07 बजके 01 मिनट ले,

ओकरा बाद व्याघात जोग।

गर करण।

मेष राशि सूर्य।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 16/04/2022

चैत शुक्ल पक्ष

तिथि- पूर्णिमा

रात के 12 बजके 35 मिनट ले।

दिन-सनिचर

हस्त नक्षत्र

दिन में 08 बजके 23 मिनट ले।

हर्षण जोग

 रात के 03 बजके 15 मिनट ले।

भद्र करण।

स्नान दान व्रतादौ पूर्णिमा,

हनुमान जयन्ती,( दक्षिणे प्रसिद्ध:)।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

स्वास्थ में बाधा रही। मानसिक तनाव बनल रही। कवनो काम के लेके चिंता रही। शिक्षा में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

अचके कुछ लाभ मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई, स्वास्थ से जुड़ल परेसानी दूर होई। जतरा के संजोग बन रहल बा। जिनगी सुख से भरल रही। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन सुरु हो सकता बा। भाग-दउर रही।मानसिक तनाव उत्पन्न हो सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी उत्पन्न हो सकेला।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ से जुड़ल लाभ मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। शिक्षा प्रतियोगिता में सफलता मिलीं। कवनो नाया काम के योजना बनी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

जतरा के संजोग बन रहल बा। भाग-दउर रही।मानसिक तनाव उत्पन्न हो सकता बा। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला में सावधानी बरती। बेवसाय में लाभ होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी, पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद विवाद से बांची। आर्थिक ममिला में सावधान रही। बेवसाय में लाभ होई, स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई, जीवन साथी के सहजोग मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

जतरा के संजोग बन रहल बा। बेवसाई लो खातिर लाभदाई होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ से जुड़ल चिंता ओरा सकेला।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

 ‌मानसिक तनाव उत्पन्न होई। छोट छोट परेसानी आवत-जात रही, संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। बेवसायिक ममिला में बढ़न्ती होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आत्म विश्वास बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई, संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ्य के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ्य के लेके धेयान राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं, कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा। सावधानी रहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]