[the_ad_group id="30365"]

12 मार्च 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 12/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

सुबह 06 बजके 39 मिनट ले।

दिन-सनीचर।

आद्रा नक्षत्र

साँझ के 04 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद पुनर्वसु।

सौभाग्य जोग

रात के 02 बजके 49 मिनट ले,

ओकरा बाद शोभन जोग।

कौलव करण।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-13/03/2022

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-दशमी

सुबह 08 बजके 40 मिनट ले।

दिन-अतवार।

पुनर्वसु नक्षत्र

साँझ के 06 बजके 39 मिनट ले।

शोभन जोग

रात के 03 बजके 09 मिनट ले।

गर करण।

यायिजययोग:

साँझ के 06 बजके 39 मिनट ले।

  सर्वार्थ सिद्धि योग:

साँझ के 06 बजके 39 मिनट से सुरू।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकत बा। लेन देन में सावधानी बरतीं। योजना बद्ध तरीका से काम पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। बेवसायिक कोसिस सफल होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन बहुते खास रही। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

केहु के संगे कठोरता से पेश ना आई, राउर हित में ना होई। काम का क्षेत्र में बढ़न्ती होई। नाया काम के योजना बनी। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

कवनो काम के लेके चिंता रही। हड़बड़ी में फसीला लेहल नुकसान पहुँचा सकेला। संघतिया लो के सहजोग मिली। पेट से जुड़ल परेसानी बन सकेला।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक ममिलन में उतार चढ़ाव के इस्तिथी रही। शिक्षा के क्षेत्र में लाभ मिली। भाई के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो काम के लेके चिंता रही। बेवसायिक ममिला में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीवन साथी के सहजोग मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

धार्मिक आस्था बढ़ी। रिस्ता में मजबूती आई। लमहर समे से चलल आ रहल बेमारी से कुछ राहत मिल सकेला। भाग-दउर रही।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिने रउआ बहुते उरजा महसूस करेम। कवनों तरे के काम करे से पहिले वरिष्ठ लोगन से सलाह लिहीं। रउआ खीस बर सकेला जवन रउआ हित में ना रही। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

कवनो कीमत पs खीसियाई मत ना तs नुकसान हुई। परिवार के सदस्य लोगन पs खास धेयान दीं। बेवसायिक कोसिस सफल रही। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। धन यश या किर्ति बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। रचना के कामन में सफलता मिली।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

संघतिया लो के सहजोग मिली। नाया योजना बनी। बेवसायिक कोसिस सफल रही। जीवन साथी के सहजोग मिली। माई के कष्ट होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। घर के जरूरी सामान बढ़ी। छात्रन ला शिक्षा के क्षेत्र में प्रगति होई। बियहल जिनगी सुख से भरल रही। कवनो अइसन निरने ले सकत बानी, जवन रउआ हित में ना होई। एहिसे कवनो काम करे से पहिले विचार करीं।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]