दिनांक- 11/03/2022
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
फागुन मास शुक्ल पक्ष
तिथि- नवमी
60/00 घटी ले।
दिन-सुक।
मृगशिरा नक्षत्र
दिन के 01 बजके 38 मिनट ले,
ओकरा बाद आद्रा नक्षत्र।
आयुष्मान जोग
रात के 02 बजके 49 मिनट ले,
ओकरा बाद सौभाग्य जोग।
वालाव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक-12/03/2022
फागुन मास शुक्ल पक्ष
तिथि-नवमी
सुबह 06 बजके 39 मिनट ले।
दिन-सनिचर।
आद्रा नक्षत्र
साँझ के 04 बजके 13 मिनट ले।
सौभाग्य जोग
02 बजके 47 मिनट ले।
कौलव करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला) |
|
आज के राशि बहुते निमन रही। आज मन खुस रही। एह राशि से जुड़ल लोग जदि निवेश करे तs लाभ मिली। लमहर समे से रुकल काम पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। |
वृष | Taurus(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला) |
|
आज के दिने रउआ सामाजिक कामन में बाझल रहेम। कवनो निमन जानकारी मिलला से रउआ खुस होखेम। सरकारी काम आगा बढ़ी। नाया काम के स्त्रोत बनी। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। |
मिथुन | Gemini(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला) |
|
आर्थिक पक्ष मजबूत होई। सरलता से काम लीं। खीस पs लगाम लगाई। ना तs विसेस नुकसान हो सकेला। भाग-दउर रही। |
कर्क | Cancer(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला) |
|
आज के दिने बहुते खुस रहेम। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। रउआ कवनो नाया अवसर मिल सकेला। रचना के काम में सफलता मिली। |
सिंह | Leo(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला) |
|
बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। वाद विवाद से बांचल राउर हित में रही। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।संघाती लो के सहजोग मिली। |
कन्या | Virgo(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला) |
|
मानसिक तनाव मिल सकेला। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल होई। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में प्रगति होई। घर में तनाव हो सकेला। |
तुला | Libra(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला) |
|
आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीवन साथी के स्वास्थ बाधा से भरल हो सकेला। भाग-दउर रही। कवनो संघाती के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। |
वृश्चिक | Scorpio(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला) |
|
आर्थिक ममिला आगा बढ़ी, बाकिर विरोधी लो सक्रिय हो सकेला, सावधान रहीं। मानसिक तनाव बनल रही। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। |
धनु | Sagittarius(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला) |
|
काम के लेके लेहल गइल निरने फायदा दी। जतरा के संजोग बन रहल बा। नाया संबंध बनी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। मानसिक तनाव बनल रही। हनुमान जी के उपासना करीं। |
मकर | Capricorn(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला) |
|
आज के दिन बहुत दिन से कोसिस में लागल काम पूरा होई। छात्रन ला शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। |
कुंभ | Aquarius(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला) |
|
आज राउर बहुत बड़ चाह पूरा होई। बेवसायिक क्षेत्र में बढ़न्ती होई। लोग रउआ से कवनो तरे के सहजोग ले सकेला। यश किर्ति आ सम्मान बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। |
मीन | Pisces(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला) |
|
संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। केहु का संगे कड़ा बेवहार रउआ ला नुकसान पहुँचा सकेला। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव हो सकेला। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल होई। |