Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

30 मार्च 2022 के राशिफल

359

दिनांक- 30/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

चैत कृष्ण पक्ष

तिथि-त्रयोदशी

दिन में 12 बजके 53 मिनट ले।

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन-बुध।

शतभिष नक्षत्र

दिन में 10 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वाभाद्रपद नक्षत्र।

शुभ जोग

दिन में 12 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद शुक्ल जोग।

वलव करण।

वारुणीपर्व काश्यां

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 31/03/2022

 चैत कृष्ण पक्ष

तिथि-चतुर्दशी

दिन में 11 बजके 57 मिनट ले।

दिन-बियफे।

पूर्वभाद्रपद नक्षत्र

दिन में 10 बजके 13 मिनट ले।

शुक्ल जोग

दिन में 11 बजके 02 मिनट ले।

श करण।

वारुणीपर्व काश्यां।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

कार्य के क्षेत्र प्रभावित होई, बेवसाय में लाभ मिली, कवनो महत्वपूर्ण काम  पूरा होई, सुभ सूचना मिली। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

शासन सत्ता के सहजोग मिली। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ्य से जुडल परेसानी दूर होई।  जतरा के संजोग बन सकत बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

कवनो नाया काम के योजना बनी। संघतिया लो के सहजोग मिली। रिस्ता मजबूत होई। आत्म विस्वास बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

 कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल समस्या के समाधान होई। नौकरी के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। शिक्षा के क्षेत्र में प्रगति होई। बेवसाय में लाभ मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान के लाभ मिली। शिक्षा के क्षेत्र में प्रगति होई। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

स्वास्थ से जुड़ल परेसानी बन सकेला। भाग-दउर रही। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। कवनो काम के लेके तनाव बन सकेला।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

खीस पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी बन सकेला। भाग-दउर रही। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

मन असांत रही। मानसिक तनाव हो सकेला। भाग-दउर रही। कवनो काम के लेके चिंता रही। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक कामन् में सफलता मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। शिक्षा से जुडल प्रतियोगिता में भाग ले सकेनी। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

खीस पs लगाम राखीं, वाद-विवाद से बांची। मानसिक तनाव बन सकेला। नुकसान पहुंच सकेला। भाग-दउर रही। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

 आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। नौकरी में लाभ के इस्तिथी बनी। अचके कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान सुख मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। कवनो सुख से भरल समाचार मिली।
233330cookie-check30 मार्च 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.