Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

18 फरवरी 2022 के राशिफल

453

दिनांक- 18/02/2022
गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फागुन मास कृष्ण पक्ष तिथि-द्वितीया

दिन सुक,

पूर्वाफगुनी नक्षत्र  दिन में 04 बज के 49 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराफगुनी नक्षत्र सुकर्मा जोग

साँझ के 06 बजके 53 मिनट ले।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-19/02/2022

फागुन मास कृष्ण पक्ष तिथि-तृतीया

दिन-सनीचर,

उत्तरा फगुनी नक्षत्र दिन में 04 बजके 57 मिनट ले,

ओकरा बाद हस्त नक्षत्र धृति जोग

साँझ के 05 बजके 16 मिनट ले।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम अ, ल, इ से सुरू होला)

कारोबार में मेहनत बेसी लागी आउर इस्तिथी में सुधार होई, आय बढ़ी। अनजान डर से डेराइल रहब, स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा। वेयसायिक कोसिस सफल होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम ब, व, उ, ए से सुरू होला)

 दोसरा से सहजोग लेला से सफलता मिली। पारिवारिक जिनगी सुख से   भरल रही। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम में सफलता   मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम क, छ, घ, ह से सुरू होला)

 भाई-बहिन के सहजोग मिली। चलल आ रहल कोसिस सफल होई।   शासन सत्ता के सहजोग मिली। आर्थिक ममिला में जोखिम नइखे लेवे के।   जीवन साथी के सहजोग मिली।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ड, हे से सुरू होला)

 स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरूरत बा, साही खरचा से बाचीं। रुपिया-   पईसा के लेन देन में सावधानी बरतला के जरूरत बा। दिमाग से कइल   गइल काम में सफलता मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम म, ट से सुरू होला)

 संतान के ज़िम्मेदारी पूरा होई। शिक्षा से जुड़ल परतियोगिता के झेत्र में   कइल गइल कोसिस सफल होई। वेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक   ममिला में उमेद जोग डेग बढ़ी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम प, ठ, ण, ट से सुरू होला)

 स्वास्थ के लेके धेयान देले के खास जरूरत बा। भावुकता पs लगाम लगा के राखे के बा। अनजान भय से चिंता हो सकेला। कवनो काम के ओरइला से आत्मविसवास बढ़ी।

तुला | Libra

(जेकर नाम र, त से सुरू होला)

वेयसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी, आर्थिक पक्ष मजबूत होखी। कवनों करीबी से तनाव मिल सकेला। भाई-बहिन के सहजोग मिली। दामप्त्य जिनगी सुख से भरल रही।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम न, य से सुरू होला)

मित्रन से संबंध बरियार होई। मंगल भा सांस्कृतिक उत्सवन में हिस्सेदारी रही। आर्थिक ममिला में सुधार होई। नाया संबंध बनी, पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये, ध, फ, भ से सुरू होला)

 प्रतिष्ठा बढ़। शासन सत्ता के सहजोग मिली। जीविका के क्षेत्र में परगती   होई। वेवसाय से जुडल योजना सफल होई। घर खातिर जरूरी समानन में   इजाफा होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो, ज, ख, ग से सुरू होला)

  दामपत्य जिनगी में तनाव आ सकेला। सवास्ठ के लेके धेयान देला के            जरूरत बा। बेकार के आवा-जाही बनल रही। आर्थिक ममिला में तनिकों     जोखिम नइखे लेवे के। रचना के काम सफल होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गु, स, श, ष, द से सुरू होला)

 उपहार भा सम्मान बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग मिली। संतान भा शिक्षा के लेके चिंता लागल रहे। बेकार के आवा-जाही बनल रही। कइल गइल मेहनत सफल रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दि, चा, झ, थ से सुरू होला)

कवनो गलत फईसला मन के तनाव दिही। भावुकता पs लगाम लागावे के बा। रचना के काम आगा बढ़ी। परिवार के प्रतिष्ठा बढ़ी। घर के जरूरत के  सामान बढ़ी।
218180cookie-check18 फरवरी 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.