Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लईकी Rapido बाइक बुक कइलस, मेसेज आइल, “खाली तहार डीपी देखके अइनी, हम भईया वईया ना हई”

लड़की बाइक सर्विस देवे वाला कंपनी के लतड़लस। लोग बोलल- "रैपिडो राइडर्स लईकन के बुकिंग ना लेले सs।"

298

कैब भा बाइक टैक्सी सर्विस के नाम पs महिला लोगन से अभद्र बेवहार नया बात नइखे। एकरा चलते OLA आ Uber जइसन कंपनियन पs कइयन बेर सवाल उठल बा। अब एह लिस्ट में Rapido के नाम सामिल होत दिख रहल बा। ओकर एगो चालक पs राइड पूरा कइला के बाद महिला के आपत्तिजनक मेसेज भेजला के आरोप लागल बा। महिला रैपिडो ड्राइवर के मेसेज सोशल मीडिया पs पोस्ट कs देली जवना के बाद ममिला तूल पकड़ लेलस।

‘तहार डीपी आ आवाज सुनके आइल रहनी’

ट्विटर पs ‘husnpari’ नाम के अकाउंट से यूजर एगो स्क्रीनशॉट शेयर कइलस। ई स्क्रीनशॉट Rapido ड्राइवर के भेजल मेसेज के रहे। इंडिया टुडे से जुड़ल तियासा भोवाल के रिपोर्ट के मोताबिक लईकी अपना पिक-अप लोकेशन के जानकारी वॉट्सऐप पs शेयर कइले रहली।

रिपोर्ट के मोताबिक लईकी 11 बजके 15 मिनट पs आपन लोकेशन Rapido ड्राइवर के वॉट्सऐप नंबर पs शेयर कइले रहली। एकरा बाद देर रात 1 बजके 25 मिनट पs उनका ओहि नंबर से मेसेज आइल। लड़की के मोताबिक आरोपी ड्राइवर लिखलस,

“हेलो, सो गए. सिर्फ और सिर्फ तुम्हारी डीपी देख के और आवाज की वजह से आया था. वरना लोकेशन बहुत दूर थी, बिल्कुल नहीं आता. और हां एक और बात, मैं भईया वईया नहीं हूं.”

 

ये ‘भईया वईया नहीं हूं’ लिखला के बाद आरोपी ड्राइवर हंसे वाला स्माइलियो डालत बा। एकरा बाद लईकी मेसेज के स्क्रीनशॉट ट्विटर पs शेयर करत Rapido बाइक कंपनी के लतड़लस.

कंपनी आउर लोग का बोलल?

ट्विटर पs शेयर कइल गइल स्क्रीनशॉट पs Rapido कंपनी के तरफ से रिप्लाईयो कइल गइल। Rapido Cares गलती मानत अपना रिप्लाई में लिखलस,

 

“हेलो, कैप्टन में प्रोफेशनलिज्म के कमी के बारे में जानल हमनी खातिर बहुते निराशाजनक बा आ हमनी के एकरा खातिर माफी मांगत बानी सs। एह ममिला में हमनी के प्राथमिकता के आधार पs कार्रवाई करेम।”

 


ओहिजा ट्विटर पs ई पोस्ट वायरल होखते लोगन के कइयन तरह के रिएक्शन आइल। कइयन यूजर्स एह ममिला पs खीस  जाहिर कइल लो। दीपक नाम के एगो यूजर लिखलस,

 

“अमेजन, फ्लिपकार्ट, Ola, Uber जइसन सब ऐप राउर लोकेशन के बारे में अनजान लोगन के जानकारी दे देत बा। ई कइयन लोगन खातिर दिक्कत के बात हो सकत बा।”

 


ओहिजा, ऋषभ गुप्ता नाम के एगो शख्स बतवलस कि लईकन के राइड जादेतर रिजेक्ट कs दिहल जाला। ऋषभ लिखलें,

 

“एगो रैपिडो वाला भइया हमरा के बतवले रहस कि लईका रैपिडो एही खातिर चला रहल बाड़े सs हैं कि ओकनी के लईकियन के बैठावे के मवका मिल जाये, जवन कबो ओकनी के अइसे नइखे मिल सकत। ऊ खाली लईकियन के राइड के स्वीकार करेले सs।

आ लईकन के राइड रिजेक्ट कs देले सs। हमार कइयन बेर रिक्वेस्ट राइडर्स रिजेक्ट कइले बाड़े सs।”

 


एगो ट्विटर यूजर आपन पक्ष रखत कहलस कि महिला लोगन खातिर ट्रांसपोर्ट इकोसिस्टम तईयार करे के होई।

साभार: द लल्लनटॉप

483250cookie-checkलईकी Rapido बाइक बुक कइलस, मेसेज आइल, “खाली तहार डीपी देखके अइनी, हम भईया वईया ना हई”

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.