[the_ad_group id="30365"]

कांग्रेस विधायक उमंग सिंघार के खिलाफ दुष्कर्म के मामिला दर्ज, अप्राकृतिक कृत्य के भी लागल आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धार जिला में विधायक अउर पूर्व मंत्री उमंग सिंघार के खिलाफ दुष्कर्म का केस दर्ज भइल बा। 38 वर्षीय एगो महिला जिला के नौगांव थाने में शिकायत दर्ज करवले बाड़ी। महिला खुद के उमंग सिंघार के पत्नी बतवले बाड़ी।

महिला के आरोप बा कि धार जिला में पीडब्ल्यूडी कार्यालय के पीछे स्थित विधायक निवास पर उमंग सिंघार नवंबर 2021 से 18 नवंबर 2022 के बीच उनके साथ कई बेर दुष्कर्म कइलें मारपीट भी कइलें अउर अभद्र व्यवहार कइलें। अप्राकृतिक कृत्य करे के आरोप भी लगवले बाड़ी।

धार पुलिस एह सब आरोपन के आधार पर उमंग सिंगार के खिलाफ आइपीसी के धारा 376, 377 और 498 के तहत प्रकरण दर्ज कइले बा। महिला जबलपुर के हई अउर ऊ पुलिस के देहल शिकायत में कहली कि उमंग सिंघार से एगो सार्वजनिक कार्यक्रम में मुलाकात भइल रहल। दूनों पर फोन पर बात होखे लागल। सिंघार शादी के वादा कइले रहने।

एकरे बाद महिला दिल्ली, गुरुग्राम, धार अउर भोपाल के निवास पर उमंग सिंघार के संगे रहली। एही दौरान सिंघार उनके साथ शारीरिक संबंध बनवलें अउर शादी करे के बात से मुकर गइलें। महिला एकर शिकायत करे के धमकी दीहलीं त सिंगार भोपाल स्थित आवास में 16 मार्च 2022 को उसके संगे शादी कs लिहलें। फिर उनके प्रताड़ित करे लगनें।

महिला के आरोप बा कि सिंगार उनकर अश्लील वीडियो बनवलें अउर दोस्तन के दिखवले के बात कह के ब्लैकमेल भी कइलें। महिला त सिंघार पर जान से मारे के कोशिश करे के आरोप भी लगवले बाड़ी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]