[the_ad_group id="30365"]

Ranveer Allahabadia Controversy: अश्लील टिप्पणी विवाद पs पुलिस के एक्शन, रणवीर इलाहाबादिया के घरे पहुंचल टीम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रणवीर इलाहाबादिया आपन आपत्तिजनक टिप्पणी के लेके विवादन में बाड़ें। ई टिप्पणी ऊ समय रैना के शो ‘इंडियाज गॉट लैटेंट’ में देलें। यूट्यूबर माई-बाबूजी आ परिवार के लेके अश्लील कमेंट कइलें, जवना के बाद यूट्यूबर रणवीर, कॉमेडियन समय रैना आ सोशल मीडिया इन्फ्लुएंसर अपूर्व मखीजा आउर शो के आयोजकन के खिलाफ शिकायत दर्ज कइल गइल। अब मुंबई पुलिस के टीम रणवीर के घरे पहुंचल बिया।

यूट्यूबर रणवीर के घरे पहुंचल टीम

न्यूज एजेंसी एएनआई के मोताबिक मुंबई पुलिस के एगो टीम आज मंगर के यूट्यूबर रणवीर इलाहाबादिया के घरे पहुंचल बिया। ‘इंडियाज गॉट लैटेंट’ शो में कइल गइल रणवीर के अश्लील टिप्पणियन के लेके मचल हंगामे के बीच पुलिस एक्शन लेले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि ममिला में आउर जानकारी आइल बाकी बा।

सख्त एक्शन के मांग

रणवीर इलाहाबादिया चर्चित यूट्यूबर हवे। ऊ अपना यूट्यब पॉडकास्ट में फिल्मी हस्तियन आ अलग-अलग क्षेत्र के दिग्गजन से चरचा करत नजर आवेले। इंस्टाग्राम से लेकर ट्विटर तक, हर सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs उनकर तगड़ा फैन फॉलोइंग रहल बा। बाकिर, हाले में समय रैना के शो में ऊ जवना तरे के टिप्पणी कइलें, ओकरा बाद यूजर्स के नाराजगी फूटल बा। रणवीर आ समय रैना के खिलाफ सख्त एक्शन के मांग कइल जा रहल बा। फिल्म जगत आ राजनीतिक घराना के हस्ती रणवीर के टिप्पणी के आलोचना कइले बा लो।

हटावल गइल विवादित वीडियो

एह ममिला पs सूचना आ प्रसारण मंत्रालय यूट्यूब के नोटिस जारी कइले रहे। संगही राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग के सदस्य प्रियांक कानूनगो वीडियो हटावे के मांग कइले रहस। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक एह पs यूट्यूब एक्शन लेत ओह वीडियो के हटा देले बा। जवना में एह किसिम के अभद्र टिप्पणी कइल गइल रहे।

Read Also: बहराइच में बड़ हादसा: डंपर कार के मरलस टक्कर, हादसा में दवा लेवे लखनऊ जा रहल परिवार के पांच सदस्यन के मउत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]