[the_ad_group id="30365"]

रणदीप सुरजेवाला के हेमा मालिनी पऽ टिप्पणी कइल पड़ल भारी, EC के कार्रवाई; दू दिन ना कर पइहें चुनाव प्रचार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Loksabha elections: कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला  हरियाणा के कैथल में एगो जनसभा के संबोधित करत बीजेपी के नेता आ मथुरा सांसद हेमा मालिनी पऽ अभद्र टिप्पणी कइले रहले। सोशल मीडिया में जब उनकर वीडियो वायरल भइल तऽ सुरजेवाला सफाई देले रहले आ कहले रहले कि हमार इरादा उनकर अपमान कइल ना रहे। चुनाव आयोग 9 अप्रैल के सुरजेवाला के नोटिस जारी कइले रहे।

हेमा मालिनी पऽ टिप्पणी के लेके चुनाव आयोग कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला पऽ 48 घंटा खातिर प्रचार करे पऽ रोक लगा देलस। एही दौरान उऽ कहीं इंटरव्यू, रोड शो, जनसभा आ मीडिया में कवनो बयान नइखन दे सकत। बता दी कि छत्तीसगढ़ में एगो सभा के संबोधित करत कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला मथुरा से सांसद हेमा मालिनी पऽ आपत्तिजनक टिप्पणी कइले रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]