Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रणदीप सुरजेवाला के हेमा मालिनी पऽ टिप्पणी कइल पड़ल भारी, EC के कार्रवाई; दू दिन ना कर पइहें चुनाव प्रचार

150

Loksabha elections: कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला  हरियाणा के कैथल में एगो जनसभा के संबोधित करत बीजेपी के नेता आ मथुरा सांसद हेमा मालिनी पऽ अभद्र टिप्पणी कइले रहले। सोशल मीडिया में जब उनकर वीडियो वायरल भइल तऽ सुरजेवाला सफाई देले रहले आ कहले रहले कि हमार इरादा उनकर अपमान कइल ना रहे। चुनाव आयोग 9 अप्रैल के सुरजेवाला के नोटिस जारी कइले रहे।

हेमा मालिनी पऽ टिप्पणी के लेके चुनाव आयोग कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला पऽ 48 घंटा खातिर प्रचार करे पऽ रोक लगा देलस। एही दौरान उऽ कहीं इंटरव्यू, रोड शो, जनसभा आ मीडिया में कवनो बयान नइखन दे सकत। बता दी कि छत्तीसगढ़ में एगो सभा के संबोधित करत कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला मथुरा से सांसद हेमा मालिनी पऽ आपत्तिजनक टिप्पणी कइले रहले।

792300cookie-checkरणदीप सुरजेवाला के हेमा मालिनी पऽ टिप्पणी कइल पड़ल भारी, EC के कार्रवाई; दू दिन ना कर पइहें चुनाव प्रचार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.