हेमा मालिनी पऽ टिप्पणी कर के फंस गइलें रणदीप सुरजेवाला, महिला आयोग लिखलस चुनाव आयोग के चिट्ठी; कार्रवाई के मांग

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 4, 2024

कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला हालहीं में भाजपा सांसद हेमा मालिनी पऽ आपत्तिजनक टिप्पणी कइले रहलें। हेमा मालिनी पऽ उनकर टिप्पणी के राष्ट्रीय महिला आयोग ने संज्ञान में लेले बिया। NCW ए संबंध में चुनाव आयोग

Share

कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला हालहीं में भाजपा सांसद हेमा मालिनी पऽ आपत्तिजनक टिप्पणी कइले रहलें। हेमा मालिनी पऽ उनकर टिप्पणी के राष्ट्रीय महिला आयोग ने संज्ञान में लेले बिया। NCW ए संबंध में चुनाव आयोग के पत्र लिख के कार्रवाई के कइलस। आयोग औपचारिक रूप से मुख्य चुनाव आयुक्त को ए मामला में पत्र लिख के सुरजेवाला के खिलाफ तत्काल कार्रवाई करे के कहलस।

कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला हालहीं में भाजपा सांसद हेमा मालिनी पऽ आपत्तिजनक टिप्पणी कइले रहलें। अब ए मामले में सुरजेवाला फंसत नजर आ रहल बाड़े। हेमा मालिनी पऽ उनका टिप्पणी के राष्ट्रीय महिला आयोग (NCW) संज्ञान में लेले बिया।

NCW ने ए संबंध में चुनाव आयोग के पत्र लिखके कार्रवाई के मांग कइलस। आयोग की अध्यक्ष रेखा शर्मा ने औपचारिक रूप से मुख्य चुनाव आयुक्त के ए मामला में पत्र लिख के सुरजेवाला के खिलाफ तत्काल कार्रवाई करे खातिर कहलस।

राष्ट्रीय महिला आयोग रणदीप सुरजेवाला ओर से कइल गइल बेहद आपत्तिजनक टिप्पणि के कड़ा निंदा करत बा। ई टिप्पणि बेहद स्त्रीद्वेषपूर्ण आ एगो महिला के गरिमा के ठेस पहुंचावे वाला बा। आयोग के अध्यक्ष रेखा शर्मा औपचारिक रूप से मुख्य चुनाव आयुक्त के पत्र लिख के सुरजेवाला के खिलाफ तत्काल कार्रवाई के आग्रह कइली आ 3 दिन के भीतर कार्रवाई के अनुरोध कइल गइल बा- एनसीडब्ल्यू

हरियाणा राज्य महिला आयोगो जारी कइलस नोटिस

ओहिजा, ए मामले में हरियाणा राज्य महिला आयोगो कांग्रेस नेता रणदीप सिंह सुरजेवाला पऽ कार्रवाई कइलस। हरियाणा राज्य महिला आयोग भाजपा सांसद हेमा मालिनी के खिलाफ टिप्पणी पऽ कांग्रेस नेता रणदीप सिंह सुरजेवाला के नोटिस जारी कइलस।

रणदीप सुरजेवाला देले सफाई

उहें, भाजपा सांसद हेमा मालिनी के खिलाफ आपन कथित आपत्तिजनक बयान पऽ भारतीय जनता पार्टी के नेता लो के आलोचना के सामना कइला के बाद, कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला बियफे के स्पष्ट कइले कि उनकर कबो अभिनेता-राजनेता के अपमान भा चोट पहुंचावे के इरादा ना रहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.