[the_ad_group id="30365"]

रांची : सैमसंग के MD समेत 4 अधिकारियन के HC से नोटिस, जानीं का बा पूरा ममिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड हाईकोर्ट विश्व प्रसिद्ध मोबाइल अवुरी इलेक्ट्रॉनिक उत्पाद कंपनी सैमसंग के प्रबंध निदेशक अवुरी रांची प्रमुख पार्थो जाना आ एरिया मैनेजर राजेश कुमार के नोटिस जारी कइले बा। एकरा संगे-संगे कोर्ट कंपनी के पंच के बहाल करे के निरदेसो भी देले बा। दरअसल झारखंड हाईकोर्ट में लिंकटेक सर्विस सेंटर के ओर से एगो याचिका दायर कइल गइल  रहे। याचिका में कहल गइल रहे कि कोरोना अवधि में लॉकडाउन के दौरान कंपनी के सर्विस सेंटर मालिक सुशोभन बनर्जी से कंपनी के बारे में पूछल गइल रहे।

उच्च अधिकारी लोग घूस के रूप में पईसा मांगल, एकरा संगे-संगे पांच लाख रुपया के निवेश करे के दबावो बनावल गइल। अइसन ना कइ ला पs उनकर सर्विस सेंटर बंद करे के धमकी दिहल जात ​​रहे। अंत में अइसने कइलो गइल रहे।

प्रार्थी सुशोभन बनर्जी आर्बिट्रेशन एप्लिकेशन दाखिल कइले रहस 

एह पूरा प्रकरण के हाईकोर्ट के सोझा प्रार्थी सुशोभन बनर्जी अपना वकील निरंजन कुमार के माध्यम से आर्बिट्रेशन एप्लिकेशन दाखिल कइले रहस। जवना पs झारखंड हाईकोर्ट के न्यायाधीश जस्टिस सुजीत नारायण प्रसाद के कोर्ट में सुनवाई भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]