[the_ad_group id="30365"]

रांची: झारखंड के सरकारी स्कूलन में आठ जनवरी तक छुट्टी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रांची: झारखंड के सरकारी स्कूलन में भीषण ठंड के देखत आठ जनवरी तक एक से पांच वर्ग तक के लईकन खातिर छुट्टी के घोषणा कइल गइल बा। स्कूली शिक्षा आ साक्षरता विभाग के सचिव के रवि कुमार मंगर के ई निरदेस जारी कइलें बाड़ें।

 

सचिव कहले बाड़े कि राज्य के सब सरकारी स्कूलन में क्लास एक से पांच तक के लईकन खातिर आठ जनवरी तक शैक्षणिक काम ना कइल जाई। नौ जनवरी से एकरा खातिर पठन-पाठन सुरु कइल जाई। ई निर्णय बढ़त ठंड के देखत लिहल गइल बा। जारी निरदेसन में कहल गइल बा कि एह दौरान लईकन के मिड डे मील उपलब्ध करावल जात रही। शिक्षक विद्यालय के आउर सब काम करत रही लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]