[the_ad_group id="30365"]

Rampur ByPolls  Updates: रामपुर लोकसभा उपचुनाव खातिर मतदान सुरू, सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Rampur ByPolls Updates: रामपुर लोकसभा सीट पs उपचुनाव खातिर आज माने 23 जून के सबेरे 7 बजे से मतदान सुरु हो चुकल बा। एकरा खातिर अलग-अलग पोलिंग बूथन पs सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कइल गइल बा। मतदान के बाद 26 जून के मतगणना कइल जाई। 

अखिलेश यादव जनता से कइलें मतदान के अपील

समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव रामपुर आ आजमगढ़ लोक सभा क्षेत्र में उप चुनाव के मतदान के लेके जनता से बढ़-चढ़के मतदान के अपील कइले बाड़े। सपा सुप्रीमो ट्वीट कs के लिखले,

हर नारी, किसान, नौजवान आगे बढ़कर करें मतदान!!!

एकरा पहिले प्रदेश के मुख्यमंत्री जनता से मतदान के अपील कs चुकल बाड़े।

सीएम योगी जनता से कइले मतदान के अपील

रामपुर आ आजमगढ़ लोक सभा क्षेत्र में उप चुनाव खातिर मतदान के लेके सीएम योगी मतदाता लोगन से पहिलही जादे से जादे मतदान के अपील कs चुकल बाड़े। सीएम योगी ट्वीट कs के लिखलें,

सभी सम्मानित मतदाता गण सुशासन और राष्ट्रवाद की विजय के लिए मतदान करने अवश्य जाएं. आपका एक वोट आपके क्षेत्र को भय मुक्त और अपराध मुक्त बनाएगा. अतएव, ध्यान रहे… पहले मतदान, फिर जलपान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]