[the_ad_group id="30365"]

प्राण प्रतिष्ठा से भव्य होई अयोध्या में रामनवमी, 50 लाख श्रद्धालुअन के आवे के उम्मीद; प्रशासन तइयारी में जुटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रामलला के अभिषेक के बाद अयोध्या में पहिला राम नवमी के लेके विशेष उत्साह बा। बियफ़ें के प्रदेश मुख्य सचिव दुर्गाशंकर मिश्रा अवुरी डीजीपी प्रशांत कुमार अयोध्या पहुंचले अवुरी तैयारी के संबंध में समीक्षा बैठक कईले। एकरा से पहिले दुनो अधिकारी मंदिर परिसर में जाके सभ व्यवस्था में सुधार करे के निर्देश देले। बैठक में राम जन्मभूमि परिसर के सुरक्षा के संबंध में अधिकारी के निर्देश भी दिहल गईल। बैठक में श्रद्धालु लोग खातिर आसान दर्शन, आवास, पीये के पानी, मेडिकल आदि समेत सब व्यवस्था में सुधार के निर्देश भी दिहल गईल।

एह साल राम नवमी 17 अप्रैल के बा। अयोध्या में रामनवमी मेला 9 दिन ले चलेला। मुख्य पर्व चैत्र महीना के शुक्ल पक्ष के नौवाँ दिन राम जन्मोत्सव के रूप में मनावल जाला। उत्सव के शुरुआत चैत्र नवरात्रि के शुरुआत से होई, ओकरा बाद 9 दिन ले अयोध्या संस्कार से भरल रही।

अयोध्या में 50 लाख भक्त आ सकेलें

बहुत इंतजार अवुरी संघर्ष के बाद जब राम लला के अपना भव्य मंदिर में विराजमान भइल बाड़े तs राम भक्त के भक्ति साफ-साफ देखाई देता। औसतन रोज करीब 2 लाख भक्त आवत बाड़े। कबो-कबो इs संख्या 4 से 5 लाख ले पहुंच जाला। अब एही से अंदाजा लगावल जा सकेला कि जब सामान्य दिन में एतना भक्त अयोध्या चहुँप जइहें तs राम नवमी में केतना संख्या में राम भक्त अयोध्या में अइहें।

आईजी प्रवीण कुमार कहले कि श्री राम नवमी के पर्व पs करीब 50 लाख श्रद्धालु के अयोध्या पहुंचे के उम्मीद बा। पहिला राम नवमी भव्य आ दिव्य मंदिर में 17 अप्रैल के मनावल जाई। मुख्य सचिव अवुरी डीजीपी भीड़ प्रबंधन खातीर बहुत दिशा-निर्देश देले बाड़े। उs कहले कि सुरक्षा में कवनो प्रकार के लापरवाही ना होखे के चाही।

सीएम योगी श्रद्धालु के सुरक्षा के संबंध में बइठक कईले

आईजी कहले कि सभ निर्देश के पालन कईल जाई। हाल ही में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी देश के हर कोना से राम नवमी मेला में आवे वाला श्रद्धालु लोग के सुरक्षा के लेके अधिकारी लोग के साथे बैठक कईले रहले। दुनो अधिकारी स्थानीय अधिकारी के मुख्यमंत्री के बैठक में दिहल निर्देश के पालन करे के निर्देश देले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]