[the_ad_group id="30365"]

अयोध्या के राम मंदिर खातीर रामलला के मूर्ति फाइनल भइल, इs मूर्तिकार कइले बाड़े तईयार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

यूपी के अयोध्या में भगवान राम के अभिषेक खातिर मूर्ति के चयन फाइनल हो गइल बा। देश के मशहूर मूर्तिकार अरुण योगीराज के बनावल भगवान राम के मूर्ति अयोध्या में लगावल जाई। कुल तीन मूर्ति में से एक मूर्ति के चयन कईल गईल बा। केंद्रीय मंत्री प्रहलाद जोशी इs जानकारी एक्स हैंडल पs देले बाड़े।

प्रह्लाद जोशी का कहले?

प्रह्लाद जोशी ट्वीट कs के कहले कि जहां राम बाड़े उहाँ हनुमान बाड़े। अयोध्या में भगवान राम के अभिषेक खातिर एह मूर्ति के चयन कइल गइल बा। हमनी के देश के विख्यात मूर्तिकार हमनी के गौरव श्री अरुण योगीराज जी के बनावल भगवान राम के मूर्ति अयोध्या में स्थापित होई। राम आ हनुमान के अटूट संबंध के ई एगो अउरी उदाहरण बा। हनुमान जी के धरती कर्नाटक से रामलला खातिर ई एगो महत्वपूर्ण सेवा बा, एह में कवनो संदेह नइखे।

कर्नाटक के पूर्व मुख्यमंत्री बी एस येदियुरप्पा के बयान सामने आइल

भाजपा के वरिष्ठ नेता आ कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल बी एस येदियुरप्पा सोमार के दिने कहलन कि राज्य के मशहूर मूर्तिकार अरुण योगीराज के बनावल ‘रामलला’ के मूर्ति के अयोध्या में बनल भव्य राम मंदिर में प्राण प्रतिष्ठा कइल जाई। राम मंदिर के अभिषेक समारोह प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 22 जनवरी के करे वाला बाड़े।

येदियुरप्पा सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs कहले एकरा संगे राज्य के श्री राम के गौरव अवुरी खुशी दुगुना हो गईल बा। मूर्तिकार योगीराज अरुण के हार्दिक बधाई।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]